गोरखपुर में 4 बदमाश अउर 3 पुलिसकर्मी मुठभेड़ में घायल:बिहार से आकर करें सब लूट

कुमार आशू

गोरखपुर में शुक्रवार के भिन्नही पुलिस के 4 बदमाशन से मुठभेड़ हो गइल। खुद के घेराइल देख के बदमाश सब गोली चला देहने सब। जवाबी फायरिंग में 4 बदमाश घायल हो गइलें। ओकरे पैर में गोली लागल बा। उहवें बदमाश के गोली से 3 पुलिसकर्मियों जख्मी हो गइल बानें।

घटना के दौरान कैंट इंस्पेक्टर शशिभूषण राय के गाड़ी के शीशा टूट गइल बा। उनके बुलेट प्रूफ जैकेट पर भी एगो गोली लागल बा। घायल के मेडिकल कालेज में भर्ती करा देहल गइल बा। उनकर इलाज चल रहल बा।

पुलिस के रोकले पर चला देहलस गोली

एसएसपी डॉ विपिन तांडा बतवनें कि मोहद्दीपुर चौराहा पर इंस्पेक्टर कैंट शशिभूषण राय अपने टीम के संगे रात 3 बजे गश्त पर रहने। तब्बे 2 बाइक से 4 बदमाश तेजी से आवत दिखाई देहनें। पुलिस उनके रोकले के प्रयास कइलस त ऊ भागे लगने। भागत में पुलिस पर गोली चलावल शुरू कs देहनें।

कैंट इंस्पेक्टर तत्काल एकर सूचना स्वाट टीमा, एसओजी अउर अन्य थाना के फोर्स के देहलस। सूचना मिलले के तनिके देर बादे फोर्स मौका पs पहुंच गइल। ऊ बदमाशन के पीछा कइलें। पुलिस छावनी स्टेशन के लग्गे घेराबंदी कs देहनें। दूनों तरफ से फायरिंग भइल। जेमें 4 बदमाश अउर तीन पुलिसकर्मी घायल हो गइलें। सब के इलाज बीआरडी मेडिकल कॉलेज में चल रहल बा। उनके हालत खतरा से बाहर बा।

पुलिस कइलस ई सामान बरामद

बदमाशन के लग्गे से पुलिस 4 पिस्टल, 3 खोखा, 2 जिंदा कारतूस, 1 कट्टा, 1 खोखा, 55000 रुपए कैश, लूट में प्रयोग कइल गइल तीन मोबाइल, गाड़ी के डिग्गी तुड़ले के लोहा के नुकीला उपकरण अउर दू मोटरसाइकिल बरामद कइल गइल बा। बरामद गड़ियो चोरी के रहल।

Share This Article