गोरखपुर के जनरल मनोज पांडे संभरले थल सेना के कमान

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 30, 2022

General Manoj Pande: अब इंजीनियर के हाथ में तीसरका सबसे बड़ फौज, जनरल मनोज पांडे संभरले इंडियन आर्मी के कमान मनोज पांडे जनरल मनोज पांडे सनिचर के जनरल एम.एम. नरवणे के सेवानिवृत्त होखला के बाद

Share

General Manoj Pande: अब इंजीनियर के हाथ में तीसरका सबसे बड़ फौज, जनरल मनोज पांडे संभरले इंडियन आर्मी के कमान

जनरल मनोज पांडे सनिचर के जनरल एम.एम. नरवणे के सेवानिवृत्त होखला के बाद 29वां थलेसना प्रमुख के तौर पs पदभार संभार लेले। उप थलसेना प्रमुख के तौर पs सेवा दे चुकल जनरल पांडे बल के इंजीनियर कोर से सेना प्रमुख बने आला पहिला अधिकारी बन गइल बाड़े।

एक फरवरी के थल सेना के उप-प्रमुख बने से पहिले उ थल सेना के पूर्वी कमान के नेतृत्व करत रहस। एह कमान पs सिक्किम आ अरुणाचल प्रदेश सेक्टर में वास्तविक नियंत्रण रेखा के रक्षा के जिम्मेदारी बा। जनरल पांडे नअइसन समे में थल सेना के कमान संभरले हs, जब भारत चीन आ पाकिस्तान से लागल सीमा पs चुनौती सहित असंख्य सुरक्षा चुनौतियन के सामना करे के पड़ रहल बा। सेना प्रमुख के रूप में, उनका थिएटर कमांड के तइयार करे के सरकार के योजना पs नौसेना आ वायु सेना के संगे समन्वय करे के होई।

हेलीकॉप्टर दुर्घटना में बिपिन रावत के भइल रहे निधन

भारत के पहिला प्रमुख रक्षा अध्यक्ष जनरल बिपिन रावत थिएटर कमांड तइयार करे पs काम करत रहस, जिनकर पिछिला साल दिसंबर में हेलीकॉप्टर दुर्घटना में निधन हो गइल रहे। सरकार अभी नया प्रमुख रक्षा अध्यक्ष नियुक्त नइखे कइले। लेफ्टिनेंट जनरल पांडे अपना करियर के दौरान अंडमान निकोबार कमान के प्रमुख के तौर पs काम कs चुकल बाड़े। अंडमान निकोबार कमान भारत में तीनों सेना के एकमात्र कमान हs।

पांडे राष्ट्रीय रक्षा अकादमी के पूर्व छात्र हवे आ उनका के दिसंबर 1982 में कोर ऑफ इंजीनियर्स (द बॉम्बे सैपर्स) में सामिल कइल गइल रहे। ऊ अपना बेहतरीन करियर में कई अहम पदन पs काम कइले आ अलग-अलग इलाकन में आतंकवाद रोधी अभियान में भाग लेले. ऊ जम्मू कश्मीर में ऑपरेशन पराक्रम के दौरान नियंत्रण रेखा के लगे एगो इंजीनियर रेजिमेंट के कमान संभरले। एकरा अलावे ऊ पश्चिमी लद्दाख के ऊंचाई आला इलाकन में एगो पर्वतीय डिवीजन आ पूर्वोत्तर में एगो कोर के कमान संभरले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.