21 आ  22 दिसम्बर के आयोजित होई गोरखपुर लिटफेस्ट

Share

शहर के सबसे बड़ साहित्यिक आ सांस्कृतिक आयोजन गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के भव्य आयोजन आगामी 21 आ 22 दिसम्बर के कइल जाई। एह आयोजन के लेके आयोजन समिति के एगो रणनीतिक परामर्श बइठक के आयोजन स्थानीय होटल विवेक में कइल गइल। बइठक में एह बरिस के आयोजन हेतु आयोजन समिति के पुनर्गठन कइल गइल जवना में अध्यक्ष पद पs अनुपम सहाय, उपाध्यक्ष पद पs अनुपम श्रीवास्तव, सचिव पद पs महेश वालानी आ कन्वीनर के तौर पs अचिन्त्य लाहिड़ी के मनोनयन कइल गइल।

बइठक में शहर के प्रमुख बुद्धिजीवी, साहित्यकार, शिक्षक, पत्रकार, संस्कृतिकर्मी, संगीतकार, अधिवक्ता, चिकित्सक आ व्यवसायी गणमान्य लोग आयोजन के लेके आपन आपन रचनात्मक विचार साझा कइलस आ लिटफेस्ट के सफल बनावे की आपन प्रतिबद्धता व्यक्त कइलस।

बइठक में बतौर विशिष्ट अतिथि उपस्थित महापौर डॉ० मंगलेश श्रीवास्तव कहले कि लिटफेस्ट के आयोजन गोरखपुर खातिर गर्व के विषय बा आ एकरा के पूरा भव्यता से आयोजित कइल जाई। इ वैश्विक स्तर पs गोरखपुर के ख्याति बढ़ाने वाला आयोजन बन गइल बा।

विशिष्ट अतिथि के रूप में उत्तर प्रदेश व्यापारी कल्याण बोर्ड के उपाध्यक्ष पुष्पदंत जैन आयोजन समिति के शुभकामनाएं देत घरी आगामी 7वां संस्करण के सफल आयोजन के कामना कइले।

बइठक में नवगठित आयोजन समिति के अध्यक्ष अनुपम सहाय आयोजन के योजना रचना आ स्वरूप पs आपन सुझाव साझा करत घरी  7वां संस्करण के तिथियन के घोषणा कइले। बइठक के संचालन अधिवक्ता शुभेन्द्र सत्यदेव कइले।

एह अवसर पs महानगर के गणमान्य संस्कृतिकर्मी, सामाजिक कार्यकर्ता आ बुद्धिजीवी साहित्यप्रेमी बइठक में प्रतिभाग कऽ के आयोजन के सफल बनावे में आपन प्रतिबद्धता व्यक्त कइले ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-