बदल रहल बा गोरखपुर: अब पर्यटकन के अउर लुभाइ इ शहर, रामगढ़ताल बनी फ्रंट

Share

 

गोरखपुर शहर में अब अउरी पर्यटक आवे वाला बाड़े। रामगढ़ताल फ्रंट योजना जीडीए के ओर से 600 करोड़ के लागत से तैयार कईल गईल बा। एह में साइकिल पाथ, पार्क, फाउंटेन, छठ घाट, बड़ा गोल झूला आकर्षण के केंद्र होई। तालाब के खनन से 80 लाख घन मीटर गाद निकालल जाई। योजना के प्रस्तुति मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सोझा कईल गईल बा। अधिकारी जल्दीए एकर काम शुरू करे के दावा कईले बाड़े। एह योजना के शिलान्यास सितंबर महीना में कइल जा सकेला।

रामगढ़ताल फ्रंट के दु लेन वाला ताल रिंग रोड के साथ विकसित कईल जाई। एकरा चारों ओर साइकिल पथ के संगे एगो बड़ गोल झूला यानी “गोरखपुर आई” भी लगावल जाई। एह फ्रंट पs महापुरुषन के बड़का-बड़का मूर्ति लगावल जाई। एहमें दर्शक दीर्घा, स्पोर्ट्स जोन, ओपेन थियेटर के निर्माण कइल जाई। लोग के खाए-पीये खातिर हर 500 मीटर पs कियोस्क बनावल जाई।

एह योजना के तहत ड्रेजिंग खातिर 300 करोड़ रुपिया के बजट तय कईल गईल बा। एकरा से निकले वाला करीब 81 लाख घन मीटर गाद में से करीब साढ़े छह लाख के इस्तेमाल झील के बांध के रूप में होई, जबकि बाकी के इस्तेमाल बाकी योजना में होई। एकरा खातीर जीडीए के ओर से तीन साल में 150 करोड़ अवुरी पर्यटन विभाग के ओर से 100 करोड़ रुपिया के योगदान होई। जबकि स्मार्ट सिटी योजना के तहत 50 करोड़ खर्च होई।

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-