[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: 21 अगस्त ले दूर करी गड़बड़ी, नाहीं त निरस्त हो जाइ आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर: खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी योजना के तहत ऑनलाइन आवेदन में लोग के दस्तावेज ना जमा होखे के चलते लॉटरी प्रक्रिया में देरी होखता। जीडीए के अधिकारी के कहनाम बा कि लापरवाही करेवाला लोग के लेके वेबसाइट पs जानकारी दिहल गईल बा। अयीसन आवेदक के 21 अगस्त ले कार्यालय में दस्तावेज के हार्ड कॉपी जमा करे के होई। एकरा बाद अगर कवनो गड़बड़ी मिलल त आवेदन खारिज कs दिहल जाई।

जीडीए द्वारा खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी योजना के तहत 26 मई से 25 जून 2023 ले आवासीय प्लाट, फ्लैट के विभिन्न श्रेणी के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन खोलल गईल। जमा आवेदन के जाँच के दौरान पता चलल कि बहुत आवेदक ऑनलाइन पोर्टल पs फॉर्म के दस्तावेज अपलोड नईखन कईले। एकरा चलते लॉटरी के प्रक्रिया में देरी होखता। जीडीए के ओर से सभ आवेदक के जांच के बाद उनुकर पूरा जानकारी जीडीए के वेबसाइट पs अपलोड क दिहल गईल बा। अयीसन लोग के जीडीए के ओर से ए समस्या के ठीक करे के मौका दिहल जाता।

जीडीए के ओर से जारी जानकारी के मुताबिक 21 अगस्त के सांझ ले दस्तावेज के हार्ड कॉपी जमा कईल जा सकता, जवना से आवेदन में भईल गलती दूर हो सकता। जीडीए के अधिकारी के कहनाम बा कि, जदी निर्धारित तिथि ले कमी के दूर क के जरुरी कागजात ना जमा भईल त आवेदन रद्द कs दिहल जाई। बाकी आवेदन पs विचार कईला के बाद अलग-अलग श्रेणी के आवासीय भूखंड, फ्लैट के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन पहिला चरण के ई-लॉटरी के माध्यम से होई। अधिकांश आवेदक के पहचान पत्र, जाति प्रमाण पत्र, आय प्रमाणपत्र समेत अवुरी गलती भईल बा।

आवेदन के जाँच कइल गइल बा। एकरा में मिलल गलती के हटावे के मौका दिहल गइल बा। एकर जानकारी जीडीए के वेबसाइट पs जारी भईल बा। जवना लोग के आवेदन में समस्या बा, उ लोग 21 अगस्त ले निर्देश के मुताबिक दस्तावेज जमा करस। एकरा बाद अगर दोबारा परीक्षा में कवनो गड़बड़ी मिलल त आवेदन खारिज कs दिहल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]