गोरखपुर के आईएएस बेटी प्रधानमंत्री पुरस्कार से होखिहे सम्मानित

Share

गोरखपुर शहर के मैत्रीपुरम मोहल्ला में रहे आला आईएएस स्वाति भदौरिया के बियफे के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हाथे सम्मानित कइल जाई। चमोली जिला में भारत सरकार के महत्वाकांक्षी परियोजना नमामि गंगे के सफलतापूर्वक लागू करे ला स्वाति के प्राइम मिनीस्टर्स एक्सिलेंस अवार्ड फॉर एक्सिलेन्स इन पब्लिक fsarbफ़्सर्ब एड्मिनिसट्रेशन-2020 से सम्मानित कइल जा रहल बा।

वर्तमान में स्वाति भदौरिया गढ़वाल मंडल विकास निगम के प्रबंध निदेशक के पद पs कार्यरत बाड़ी। चमोली में जिलाधिकारी के पद पs काम करत आईएएस स्वाति भदौरिया नमामि गंगे प्रोजेक्ट के तहत आपन प्रतिबद्धता आ समर्पित कोसिसन के संगे बहुमूल्य जोगदान देली। चुनौती से भरल काम खातिर मशहूर आईएएस स्वाति लोक प्रशासनिक सेवा में सर्वश्रेष्ठ काम करे आली तेज तरार अफसरन में से एगो बाड़ी। पहिलहू उनका कइयन गो क्षेत्र में उत्कृष्ट काम करे ला सम्मानित कइल जा चुकल बा। पुरस्कार मिलला के सूचना के बाद जेल बाईपास इस्थित मैत्रीपुरम मोहल्ला में स्वाति के परिवार बहुते खुस बा।

स्वाति के माँ डॉ॰ संध्या श्रीवास्तव डीएवी डिग्री कॉलेज में हिन्दी विभाग में एसोसिएट प्रोफेसर पद से रिटायर बाड़ी, तs बाबूजी डॉ॰ अरुण कुमार श्रीवास्तव सेंट एंड्रयूज डिग्री कॉलेज से विधि विभाग से सेवानिर्वित बाड़े। माँ डॉ॰ संध्या के कहनाम बा कि ‘बेटी के सफलता से बहुते खुस बानी’। बेहतर काम खातिर पुरस्कार मिलला से पूरा परिवार गर्व के अनुभूति कs रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-