25 लाख आबादी खातिर महायोजना तइयार, दोगुना होई गोरखपुर शहर के विस्तार

Share

मेट्रोपोलिटन शहर के तर्ज पर 25 लाख आबादी के ध्यान में रख के गोरक्षनगरी के सुनियोजित विकास खातिर तैयार नई महायोजना के प्रारूप के गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) बोर्ड आपन स्वीकृति दे देहलें बा। पिछला महायोजना-2021 में जहां आवासीय, वाणिज्यिक अउरी औद्योगिक समेत सब तरह के भू उपयोग के मिला के कुल नौ हजार हेक्टेयर क्षेत्रफल के शामिल कइल गइल रहे, उनवें एह बेर सीमा विस्तार के बाद प्राधिकरण दोगुना से अधिक क्षेत्रफल पर विकास के खाका खींचले बा।

नयका महायोजना में कुल 20 हजार 336 हेक्टेयर क्षेत्रफल के शामिल कइल गइल बा। महायोजना के लागू होखले के बाद एही प्रस्ताव के मुताबिक निर्माण हो पाई। करीब साल भर के इंतजार के बाद बुधवार के प्राधिकरण सभागार में भइल बोर्ड के बैठक में महायोजना-2031 के प्रारूप के स्वीकृति मिलल। ई पहिला मौका बा जब महायोजना 10 साल खातिर बनावल गईल बा। पहिले 20 साल के महायोजना होत रहे।

एक सप्ताह के भीतर महायोजना के प्राधिकरण के वेबसाइट पर अपलोड कs के लोग से आपत्ति अउरी सुझाव मांगल जाई। एकरे खातिर एक महीना के समय देहल जाई। तार्किक आपत्ति अउरी सुझाव पर महायोजना में परिवर्तन भी हो सकsला। एकरे बाद प्राधिकरण, प्रारूप के फाइनल क के अंतिम प्रकाशन खातिर शासन के भेज देहल जाई, जेकरे बाद एके उनवें से लागू कs देहल जाई।

महायोजना में भू- उपयोग की स्थिति-

भू-उपयोग                       क्षेत्रफल (हेक्टेयर में)      प्रतिशत
आवासीय-                   9998.51                      49.16
वाणिज्यिक-                 761.65                        3.74
कार्यालय-                    352.94                        1.73
पब्लिक-                      1406.81                      6.91
औद्योगिक-                  788.40                       3.87
यातायात एवं परिवहन-  2979.64                     14.65
पार्क, खुला क्षेत्र, ग्रीन बेल्ट- 4048.48             19.90
कुल                               – 20336.43              100   

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-