Gorakhpur News : गोरखपुर में वानिकी आ औद्यानिकी विश्वविद्यालय के मंजूरी, 491 करोड़ में बनी आधुनिक संस्थान

Share

गोरखपुर। मुख्यमंत्री योगी के अध्यक्षता में भइल कैबिनेट बैठक में वानिकी आ औद्यानिकी विश्वविद्यालय बनावे के मंजूरी मिल गइल बा। ई विश्वविद्यालय करीब 491 करोड़ रुपिया के लागत से तइयार कइल जाई।

ई संस्थान कैम्पियरगंज के भारीवैसी इलाका में लगभग 50 हेक्टेयर जमीन पs बनावल जाई। ई उत्तर भारत के पहिलका आ पूरा देस के दूसरका वानिकी विश्वविद्यालय होई, जवन आधुनिक कृषि आ पर्यावरण शिक्षा के बढ़ावा दी।

सरकार एह परियोजना खातिर चालू वित्तीय साल में 50 करोड़ रुपिया के बजट पहिलही तय कs चुकल बिया। गोरखपुर में ई पांचवां विश्वविद्यालय होई, जवन खास तौर पs वानिकी आ औद्यानिकी के पढ़ाई आ रिसर्च खातिर महत्वपूर्ण केंद्र बन जाई।

एह विश्वविद्यालय में वानिकी, औद्यानिकी, वन्य जीव संरक्षण, जलवायु परिवर्तन, प्राकृतिक संसाधन प्रबंधन, एग्रोफॉरेस्ट्री आ बागवानी जइसन विषय में बीएससी, एमएससी, पीएचडी आ डिप्लोमा कोर्स चलावल जाई। एकरा से किसान आ नवहा लोगन के आधुनिक तकनीक सीखे के मवका मिली।

एह योजना से प्रदेश में हरियाली बढ़े, जैव विविधता के संरक्षण मजबूत होखे आ पर्यावरण संतुलन बनल रहला के उम्मीद बा। संगही, ई विश्वविद्यालय रोजगार पैदा करे में अहम भूमिका निभाई।

पहिले सरकार गोरखपुर में राजगिद्ध (जटायु) संरक्षण केंद्र बना चुकल बिया। ओही दौरान मुख्यमंत्री एह क्षेत्र में वानिकी विश्वविद्यालय खोले के घोषणा कइले रहलें, जवन अब पूरा होखे जा रहल बा।

वन विभाग जमीन चिह्नित कs के सरकार के भेजले रहे, जवन फोरलेन सड़क से जुड़ल बा आ आवागमन खातिर आसान बा। अब कैबिनेट से मंजूरी मिलला के बाद जल्दिये विश्वविद्यालय के शिलान्यास होखे के उम्मीद बा।

Read Also: India Advisory : ईरान से तुरंत निकल जाईं’ – युद्धविराम के बीच भारतीय लोगन खातिर नया एडवाइजरी जारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-