Gorakhpur Firing Incident : पीपीगंज थानेदार लाइन हाजिर, छव आरोपी गिरफ्तार

Crime : news

Share

गोरखपुर। गोरखपुर-महराजगंज सीमा पऽ अकटहवा पुल के लगे सोमार के दुपहरिया के भइल गैंगवार के बाद पुलिस कार्रवाई तेज कs देलस। पीपीगंज आ महाराजगंज के पनियरा थाना पुलिस के संयुक्त अभियान में दूनो गिरोह के छव गो आरोपियन के गिरफ्तार कइल गइल, जवना में दूगो बाल अपचारी सामिल बा लोग।

ओहिजा, 29 बदमाश अभियो फरार बाड़ें सs। घटना के गंभीरता के देखत एसएसपी पीपीगंज थानेदार प्रभु दयाल सिंह के लाइन हाजिर कs दिहल गइल। उनका स्थान पs अरुण कुमार के थाना के कमान सउपल गइल बा।

पुलिस मंगर के देर रात छापेमारी कs के पीपीगंज के भवनपुरवा अकटहवा टोला निवासी रामअनुज, महाराजगंज के पनियरा नरकटहा निवासी प्रदीप यादव, पनियरा डोमरा अकटहवा टोला निवासी अंकित निषाद आ शिव नारायण साहनी के गिरफ्तार कs लेलस। चारो से पूछताछ कइला के बाद पीपीगंज पुलिस न्यायालय में पेश कs के ओकनी के जेल भेज दिहल , जबकि दूनों बाल अपचारियन के किशोर बाल सुधार गृह भेजल गइल बा।

ओने, एसपी नार्थ के नेतृत्व में पुलिस गोरखपुर-महराजगंज सीमा पऽ कैंप कs के बदमाशन के तलाश जारी रखले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि फरार अपराधियन के संभावित ठिकानन पs दबिश दिहल जात बा आ जल्दिये सब लोगन के गिरफ्तार कs लिहल जाई। अकटहवा पुल पs सोमार के दूपहरिया वर्चस्व के लेके दू गुटन में भइल फायरिंग आ मारपीट के घटना के बाद मंगर के उपनिरीक्षक आदर्श कुमार 35 लोगन के विरुद्ध मुकदमा दर्ज करवले रहस।

एकरा में 15 नामजद आ 20 अज्ञात सामिल बा। आरोपियन पऽ दंगा फइलावे, मारपीट कs के गंभीर चोट पहुंचावे, झुंड बनाके अपराध करे, शांतिभंग के नीयत से अपमान करे, हत्या के प्रयास, जान से मारे के धमकी देवे आ लापरवाही में जिनगी के खतरा में डाले जइसन गंभीर धारा लगावल गइल बा।

अरोपितन के स्वजन से भइल पूछताछ

अकटहवा पुल पs दूसरका दिन एसपी नार्थ, सीओ कर्नलगंज आ पनियरा थाना के पुलिस डेरा डलले रहे। एसपी नार्थ के अगुवाई में पुलिस पनियरा के नरकटहां गांव में दबिश देलस। फरार चल रहल नामजद आरोपियन के स्वजन के हिरासत में लेके पूछताछ कइलस।

पुलिस एह लोगन के बनवलस नामजद आरोपित

पनियरा के नरकटहा निवासी अजय निषाद, विमलेश, रविंद्र निषाद, रितेश, विकास, अकटहवा डोमरा निवासी शिव नारायण साहनी, बड़का निवासी प्रदीप, अभिजीत, ध्रुपचंद्र, सचिन कुमार, पीपीगंज के ननकटवा निवासी रवि यादव, कल्याणपुर निवासी रघुनाथ, सर्वेध मद्धेशिया, अकटहवा टोला भवनपुरवा निवासी अर्जुन, डोमरा निवासी अंकित के पुलिस नामजद कइले बिया। ओहिजा, दूनो पक्ष से 20 अज्ञात लोगन के आरोपित बनावल गइल बा।

वीडियो फुटेज से कइल जा रहल बा पहचान

अकटहवा पुल के लगे भइल घटना के बाद पुलिस दूनो के गिरोह के जड़ से समाप्त करे के योजना
तइयार कइले बिया। ग्रामीणन के अनुसार पनियरा आ पीपीगंज क्षेत्र में एके 47 आ रेड गैंग के आतंक बा। दूनो गिरोह के नवहन के वर्चस्व के लेके घटना के अंजाम दिहल गइल बा। एकरा में जे नामजद बा, पुलिस ओकरा घर पs दबिश दिहल जा रहल बा।

ओहिजा, जे अज्ञात बा ओकर पहचान वीडियो से कइल जा रहल बा। पुलिस के कहनाम बा कि एह गिरोह के सब सदस्यन के दस्तावेज तइयार होई। जवन पीपीगंज आ महराजगंज के पनियरा थाना में मौजूद रही। भविष्य में जदि कवनो घटना होई तs दस्तावेज के आधार पs गिरोह के सदस्यन पs कार्रवाई होई।

Read Also: Cricketer Death : क्रिकेट के मैदान पs मातम; गेना लगला से 17 बरिस के ऑस्ट्रेलियन खिलाड़ी के दर्दनाक मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-