[the_ad_group id="30365"]

Bihar Election 2025 : अमित शाह कहलें- कांग्रेस के चलते 41 साल देरी से मिलल सरदार पटेल के भारत रत्न

Amit Shah addresses press conference in Patna on Sardar Vallabhbhai Patel Jayanti, criticizes Congress for 41-year delay in Bharat Ratna honor
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार में चुनावी माहौल के बीच गृहमंत्री अमित शाह पटना में प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें आ सरदार वल्लभभाई पटेल के 150वीं जयंती के अवसर पs उनका जोगदान के याद कइलें। अमित शाह कहलें कि 31 अक्टूबर के दिन भारत के लौहपुरुष सरदार पटेल के जयंती बा। उनकर मेहनत आ दूरदर्शिता से आज भारत एकजुट बा।

शाह कहलें, “आज के भारत के नक्शा सरदार पटेल के देन बा। उनकर एकता के विचार आजो देस के जोड़े के काम करत बा।” ऊ इहो बतवलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 2014 से हर साल 31 अक्टूबर के केवड़िया कॉलोनी में सरदार पटेल के प्रतिमा के सामने भव्य परेड में सामिल होखेलें। अब गृह मंत्रालय के ओर से तय कइल गइल बा कि हर साल 31 अक्टूबर के ‘राष्ट्रीय एकता दिवस’ के मौका पs एगो भव्य परेड होई, जइसे गणतंत्र दिवस पs दिल्ली में होला।

‘सरदार पटेल पाकिस्तान कॉरिडोर बनावे के साजिश नाकाम कइलें’

अमित शाह कहलें कि सरदार पटेल के चलते पाकिस्तान के “कॉरिडोर बनावे के मनसा” नाकाम हो गइल। देस के 562 रियासतन के एकजुट कs के पटेल भारत के अखंड बनवलें। 1928 के बारडोली सत्याग्रह के बाद गांधीजी खुद उनका के “सरदार” के उपाधि देलें।

एह साल 150वीं जयंती के अवसर पs पूरा देl में ‘रन फॉर यूनिटी’ आयोजित भइल बा। एकता नगर (केवड़िया) में 1 नवंबर से 15 नवंबर तक ‘भारत पर्व’ मनावल जाई, जवन भगवान बिरसा मुंडा के जयंती पs समाप्त होई। देस के हर राज्य आ जनजातीय समाज के लोग एह कार्यक्रम में सामिल होई।

‘कांग्रेस पार्टी भुला देलस सरदार पटेल के जोगदान’

अमित शाह कहलें कि सरदार पटेल जइसन महान नेता के कांग्रेस पार्टी भुलावे में कसर ना छोड़लस। “सरदार पटेल के निधन के बाद कांग्रेस पार्टी उनका के भूला देलस। ना तs उनका के समय पs भारत रत्न देलस, ना उनका इयाद में स्मारक बनवलस”।

ऊ आगे कहलें कि “जब नरेंद्र मोदी गुजरात के मुख्यमंत्री बनलें, तब ऊ स्टैच्यू ऑफ यूनिटी बनववलें। आज ई 182 मीटर ऊंचा प्रतिमा पूरा दुनिया में मशहूर बा। किसानन से लोहा जमा कs के बनावल ई मूर्ति अब प्रमुख पर्यटन स्थल बन गइल बा। ढाई करोड़ लोग अबले एकरा के देखे आ चुकल बा।”

31 अक्टूबर के पीएम मोदी फेर एकता नगर में परेड के सलामी दिहें। एह परेड में सीआरपीएफ के पांच शौर्य चक्र विजेता, बीएसएफ के 16 वीरता पदक विजेता आ महिला पुलिस अधिकारी सामिल होइहें, जे परेड के नेतृत्व करी लो।

Read Also: Rohit Sharma : रोहित शर्मा तुड़लें सचिन तेंदुलकर के 14 साल पुरान रिकॉर्ड, बनलें आईसीसी रैंकिंग में सबसे उमिरदराज नंबर वन

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]