Gorakhpur Election: सीएम सिटी में मेयर चुनाव खातिर हर वर्ग के मौका, चुनावी हलचल भइल तेज

Share

नगर निगम के मेयर के सीट पहिला बेर अनारक्षित कइल गइल बा। एह वजह से अबकी बार हर राजनीतिक दल खुस बा। दावेदार लोग खुस बा। कवनो दल केहुओ के मेयर पद के प्रत्याशी बना सकत बा। हालांकि, दावेदारन ले संख्या बेसी होखला से सियासी दलन के नेतृत्व के सामने दिक्कतो आवे आला बा। कवनो एगो दावेदार के चयन आसान ना होई।

बरिस 1994 में नगर निगम के गठन के बाद से मेयर के सीट तीन बेर अन्य पिछड़ा वर्ग, एक बेर अन्य पिछड़ा वर्ग महिला आ एक बार सामान्य महिला खातिर आरक्षित रहल बा। एक बेर के छोड़के हर बेर मेयर पद पर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के कब्जा रहल बा। एक बेर ट्रांसजेंडर अमरनाथ यादव उर्फ आशा देवी मेयर बनल रही हालांकि, तबो ई सीट आरक्षित रहे। ऊ मेयर के पद जीतके प्रदेश में कवनो नगर निगम में ट्रांसजेंडर के मेयर बने के रिकार्ड बनवले रहली।

गठन के बाद से नगर निगम के मेयर पद खातिर अब तक पांच बेर चुनाव भइल बा। अबकी बेर छठवां बेर चुनाव होई। पवन बथवाल पहिला नगर प्रमुख (12 फरवरी 1989 से 22 फरवरी 1994 तक) बनल राlहस। उनके के कार्यकाल में नगर महा पालिका से नगर निगम वजूद में आइल रहे। नगर निगम के गठन होखला के बाद पहिला बेर मेयर के सीट पिछड़ा वर्ग खातिर आरक्षित भइल रहे। भाजपा के राजेंद्र शर्मा नगर निगम के पहिला मेयर बनल रहे। साल 2000 में नगर निगम के मेयर पद पर इतिहास बन गइल। पहिल बेर ट्रांसजेंडर अमरनाथ यादव उर्फ आशा देवी चुनाव जीतके मेयर बनली। तब ई पद अन्य पिछड़ा वर्ग महिला खातिर आरक्षित रहे। आशा देवी के निर्वाचन न्यायालयो तक पहुंचल, बाकिर फैसला उनके पक्ष में आइल रहे।

साल 2006 के चुनाव में मेयर के पद अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर आरक्षित हो गइल। एह बेर भाजपा से अंजू चौधरी मेयर चुनल गइली। अंजू चौधरी के कार्यकाल से अब तक नगर निगम के सीट पर लगातार भाजपा के कब्जा रहल बा।

साल 2012 के चुनाव में मेयर के सीट सामान्य महिला खातिर आरक्षित भइल। एह बेर भाजपा से सत्या पांडेय मेयर निर्वाचित भइली। साल 2017 में मेयर के सीट फेर अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर आरक्षित भइल। एह बेर भाजपा के सीताराम जायसवाल मेयर बनलें। अब पहिला बेर मेयर के सीट अनारक्षित कइल गइल बा।

मेयर-आरक्षण-साल

राजेंद्र शर्मा-अन्य पिछड़ा वर्ग- 1995

अमरनाथ यादव उर्फ आशा देवी-अन्य पिछड़ा वर्ग महिला-2000

डॉ अंजू चौधरी-अन्य पिछड़ा वर्ग-2006

डॉ सत्या पांडेय-सामान्य महिला-2012

सीताराम जायसवाल-अन्य पिछड़ा वर्ग-2017

 

नगर पंचायतन में आरक्षण के इस्थिति

नगर पंचायत  आरक्षण

उरुवां  अनुसूचित जाति

बड़हलगंज  अन्य पिछड़ा महिला

बांसगांव  अन्य पिछड़ा

सहजनवां  अन्य पिछड़ा

पीपीगंज  महिला

उनवल  महिला

चौमुखा (कैंपयिरगंज) महिला

गोला  अनारक्षित

मुंडेरा बाजार  अनारक्षित

पिपराइच  अनारक्षित

घघसरा  अन्य पिछड़ा महिला

 

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-