लालू के करीबी डॉ. अखिलेश प्रसाद सिंह बनलें बिहार कांग्रेस के नया अध्यक्ष

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 6, 2022

कांग्रेस राज्यसभा सांसद डॉ. अखिलेश प्रसाद सिंह के बिहार के नया पार्टी अध्यक्ष बनवले बिया। एह बात के जानकारी कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल आदेस जारी कsके देले बाड़े। डॉ. मदन झा के बिहार कांग्रेस अध्यक्ष

Share

कांग्रेस राज्यसभा सांसद डॉ. अखिलेश प्रसाद सिंह के बिहार के नया पार्टी अध्यक्ष बनवले बिया। एह बात के जानकारी कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल आदेस जारी कsके देले बाड़े।

डॉ. मदन झा के बिहार कांग्रेस अध्यक्ष पद से छुट्टी कर दिहल गइल बा। डॉ. अखिलेश प्रसाद सिंह के आरजेडी चीफ लालू प्रसाद यादव के करीबी मानल जाला। बता दीं कि डॉ. मदन झा के बिहार कांग्रेस अध्यक्ष के कमान 18 सितंबर 2018 के सउपल गइल रहे। अब पार्टी डॉ. अखिलेश प्रसाद सिंह पर भरोसा जतवले बिया।

दरअसल, डॉ. मदन झा के कार्यकाल के दौरान 2019 के लोकसभा चुनाव, 2020 के विधानसभा चुनाव आधा दर्जन से बेसी उपचुनाव बिहार में हुए भइल बाकिर कांग्रेस के हालत पातरे रहल। 2020 के विधानसभा चुनाव में 70 सीट पर कांग्रेस चुनाव लड़ले रहे बाकिर ओकरा खाली 19 सीट प जीत मिलल रहे। ओकरा बादे डॉ. मदन झा बिहार कांग्रेस अध्यक्ष पद से इस्तीफा आलाकमान के सउप देले रहस बाकिर उनका के हाईकमान पद पर बनल रहे के कहले रहे अब उनका के पदमुक्त कर दिहल गइल बा।

कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल द्वारा जारी कइल गइल प्रेस रिलीज में कहल गइल बा है कि पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष राज्यसभा सांसद डॉ. अखिलेश प्रसाद सिंह के बिहार कांग्रेस अध्यक्ष पद के जिम्मेदारी देले बाड़े। ई नियुक्ति तत्काल प्रभाव से लागू कइल गइल बा। नया बिहार कांग्रेस के अध्यक्ष अखिलेश सिंह के सोझा चुनौतियन के पहाड़ बा। उनका सबसे पहिले बिहार में कांग्रेस के पटरी पर ले आवे के काम करे के होई। कार्यकर्ता लोगन के एकजुट करे के होई। डॉ. अखिलेश प्रसाद सिंह 2018 से राज्यसभा सदस्य बाड़े। बरिस 2004 से बरिस 2009 तक केंद्र के मनमोहन सिंह सरकार में कृषि, उपभोक्ता मामले, खाद्य सार्वजनिक वितरण मामले के राज्यमंत्री रह चुकल बाड़े बिहार सरकार में स्वास्थ्य मंत्री रह चुकल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.