गोरखपुर। एनबीटी के ओर से दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (डीडीयूजीयू) में नव दिन तक चलल ‘पुस्तकन के महाकुंभ’ कहल जा रहल गोरखपुर पुस्तक मोहत्सव 2025 के अतवार के भव्य समापन हो गइल। समापन दिवस पs पद्मश्री मालिनी अवस्थी लोक संगीत के मनमोहक प्रस्तुति देली, जवन पूरा वातावरण के उत्तर प्रदेश के समृद्ध सांस्कृतिक विरासत से भर देलस। मेला के सुभारंभ 1 नवंबर 2025 के उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइले रहस। एह अवसर पs गोरखपुर के सांसद आ अभिनेता रवि किशन, प्रो. मिलिंद सुधाकर माराठे, प्रो. पूनम टंडन, अवनीश के अवस्थी, युवराज मल्लिक आ आउर विशिष्ट अतिथि उपस्थित रहल लोग।
अंतिन दिन चिल्ड्रेन कॉर्नर पs दिखल लईकन के उत्साह
अंतिम दिन चिल्ड्रेन कॉर्नर पs 20 अलग-अलग स्कूलन के लगभग 1500 छात्रन के उत्साह से भरल भागीदारी देखल गइल। सबेरे के सुरुआत शिखा गर्ग के ओर से लिखित “स्टोरीटेलिंग सेशन” से भइल, जहां नवहा श्रोता चंद्रमा के कहानी आ ओकरा आकार के कुर्ता सिलवावे के संघर्ष से मंत्रमुग्ध हो गइल लोग। लईका लोग ई कल्पना करत गाना गावल कि चंद्रमा खुशी मना रहल बा आ गर्व से आपन चमकदार नया कुर्ता दिखा रहल बा। अगिला सत्र, एनसीसीएल, एनबीटी इंडिया के ओर से आयोजित “डूडल आर्ट वर्कशॉप” छात्रन के डूडलिंग के मजेदार, सहज, रचनात्मक आ ध्यानपूर्ण दुनिया से परिचित करावल गइल। मुद्रित पैटर्न के उपयोग करत, ऊ अपना डिजाइनन के जीवंत रंगन से भर देलें आ आपन अनूठा कला बनावे के अनुभव के भरपूर आनंद लेलें।
राष्ट्रीय ई-पुस्तकालय पs ओरिएंटेशन सत्र के संगे भइल समापन
तीसरका सत्र, एनसीसीएल, एनबीटी इंडिया के ओर से “बुकमार्क डिजाइन वर्कशॉप” में छात्र सुंदर, विचारशील बुकमार्क चित्रित आ डिजाइन कइल लोग- कुछ लोग तs अपना कृतियन के दोस्तन आ परिवार के उपहार में देवे के वादा कइल। दिन के समापन राष्ट्रीय ई-पुस्तकालय पs एगाे ओरिएंटेशन सत्र के संगे भइल, जहां सतीश यादव छात्रन के डिजिटल लाइब्रेरी प्लेटफॉर्म से परिचित करवलें। लईकन के क्यूआर कोड वाला बुकमार्क प्राप्त भइल, जवना से ओह लोगन के एप्लिकेशन डाउनलोड करे आ 23 अलग-अलग भाषा में कइयन गो शैलियन के हजारन पुस्तकन तक पहुंचे के सुविधा मिली। एकर शुभंकर, चीता, मंच पs लईकन के संगे सामिल भइल आ अपना एह संदेश के संगे ओह लोग के उत्साहवर्धन कइल कि – “पढ़त रहs!”
पद्मश्री मालिनी अवस्थी देली लोक संगीत के मनमोहक प्रस्तुति
उत्सव के सांझ संगीत, नृत्य आ मंचीय प्रस्तुतियन से सराबोर रहल। समापन दिवस पs पद्मश्री मालिनी अवस्थी लोक संगीत के मनमोहक प्रस्तुति देलें। उनकर सुरीली प्रस्तुति गोरखपुर पुस्तक महोत्सव 2025 के नव दिवसीय आयोजन के एगो यादगार आ भावपूर्ण समापन प्रदान कइलें।
गोरखपुर समर्पण आ उत्साह के संगे मनवलस महाकुंभ : एनबीटी
समापन समारोह पs एनबीटी, इंडिया के निदेशक, युवराज मल्लिक कहलें “गोरखपुर पुस्तक के एह महाकुंभ के पूरा समर्पण आ उत्साह के संगे मनवले बा। विद्यार्थी, शिक्षकन आ परिवारन के भागीदारी ई दरसावेला कि पूर्वांचल में पढ़े के आदत लगातार मजबूत हो रहल बा। हमनी के प्रधानमंत्री आ मुख्यमंत्री के ओह दृष्टि के प्रति समर्पित बा, जवना के तहत ‘हर हाथ में एक किताब’ पहुंचावे के लक्ष्य रखल गइल बा। ई उत्सव ओह दिशा में एगो बड़ डेग बा।”
हजारन आगंतुक, सईयन गतिविधि, स्कूलन के भागीदारी आ सांस्कृतिक कार्यक्रमन के संगे गोरखपुर पुस्तक मेला 2025 सफलतापूर्वक संपन्न भइल। पुस्तकन के ई नव दिवसीय महाकुंभ गोरखपुर में पढ़े के संस्कृति के आउर मजबूत बनवलस आ लईकन आ परिवारन में नया प्रेरणा जगवलस। एनबीटी इंडिया गोरखपुर के जनता, जिला प्रशासन आ दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हार्दिक धन्यवाद कइलस, जे अपना सहजोग आ उत्साह से एह आयोजन के सफल बनवलस।







