Bihar Election 2025 : दूसरका चरण में एह विधानसभा सीटन पs सांझा के चार बजे तक होई वोटिंग, आज प्रचार के आखिरी दिन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के दुसरका चरण के मतदान खातिर अब बस दू दिन बाकी बा। एह चरण के वोटिंग 11 नवंबर के होखे वाला बा। आज माने कि नौ नवंबर के चुनाव प्रचार के

Share

Bihar Election

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के दुसरका चरण के मतदान खातिर अब बस दू दिन बाकी बा। एह चरण के वोटिंग 11 नवंबर के होखे वाला बा। आज माने कि नौ नवंबर के चुनाव प्रचार के आखिरी दिन बा। सांझ पांच बजे के बाद चुनाव प्रचार पूरा तरे थम जाई।

एह दुसरका चरण में कुल 20 जिला के 122 विधानसभा सीटन पs वोटिंग होई। चुनाव आयोग के अनुसार, कुल 45,339 मतदान केंद्र बनावल गइल बा। एमे से 4,109 बूथ संवेदनशील आ 4,003 बूथ अतिसंवेदनशील घोषित कइल गइल बा। एह बूथन पs सांझ चार बजे तक वोटिंग होई।

एह विधानसभा सीटन पs सांझ चार बजे तक वोटिंग

कटोरिया, बेलहर, चैनपुर, चेनारी, गोह, नवीनगर, कुटुंबा, औरंगाबाद, रफीगंज, गुरुआ, शेरघाटी, इमामगंज, बाराचट्टी (36 बूथ), बोधगया (200 बूथ), रजौली, गोविंदपुर, सिकंदरा, जमुई, झाझा आ चकाई विधानसभा में बनावल बूथन पs सांझ चार बजे तक मतदान होई।

बोधगया में बाकी 106 बूथन पर सांझ पांच बजे तक वोटिंग के समय राखल गइल बा। सुरक्षाकर्मी लोगन के पर्याप्त संख्या में तैनात करे के निरदेस दिहल गइल बा।

दुसरका चरण में मतदाता के गिनती

एह चरण में कुल 1302 उम्मीदवार मैदान में बा लोग। एमे 1165 पुरुष, 136 महिला आ एगो थर्ड जेंडर प्रत्याशी सामिल बा लोग। कुल 3 करोड़ 70 लाख मतदाता एह चरण में आपन वोट डाली लोग।

  • 1.95 करोड़ पुरुष मतदाता
  • 1.74 करोड़ महिला मतदाता
  • 4 लाख 4 हजार दिव्यांग वोटर
  • 63,373 सर्विस वोटर
  • 943 थर्ड जेंडर वोटर
  • 43 एनआरआई मतदाता
  • 18 से 19 साल के 7,69,356 नवजवान मतदाता

बिहार के ई दुसरका चरण के चुनाव, पूरा राज्य में राजनीतिक हलचल के चरम पर ले गइल बा, जवना के बाद 14 नवबर के मतगणना के बाद तय हाई कि वर्तमान एनडीए सरकार सत्ता में रही भा 20 साल बाद तेजस्वी के नेतृत्व में महागठबंधन के सरकार बनी। पहिला चरण में 06 नवंबर के 18 जिलन के 121 सीटन पs मतदान भइल रहे।

Read Also: ISIS Terrorists Arrested : देस में आतंकी हमला के साजिश नाकाम, गुजरात ATS ISIS के 3 आतंकवादियन के कइलस गिरफ्तार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.