Lucknow Road Accident : नेशनल एथलीट जूली यादव के मौत से गम में डूबल पूरा इलाका

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2025

लखनऊ। एगो दर्दनाक सड़क हादसा में नेशनल एथलीट आ हॉकी प्लेयर जूली यादव (23) के जान चल गइल। जूली एलडीए कॉलोनी सेक्टर-आई के एलपीएस स्कूल में स्पोर्ट्स टीचर रहली। हादसा तब भइल जब ऊ स्कूल

Share

Road Accident

लखनऊ। एगो दर्दनाक सड़क हादसा में नेशनल एथलीट आ हॉकी प्लेयर जूली यादव (23) के जान चल गइल। जूली एलडीए कॉलोनी सेक्टर-आई के एलपीएस स्कूल में स्पोर्ट्स टीचर रहली। हादसा तब भइल जब ऊ स्कूल से घर फोन ले आवे जात रहली आ मौदा मोड़ पs सिलेंडर लदल एगो ट्रक उनका बाइक के टक्कर मार देलस।

प्रत्यक्षदर्शी लोगन के मोताबिक टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि जूली बाइक से गिर गइली आ ट्रक के पहिया सीधा उनका ऊपर से गुजर गइल। उनका के तुरंत लोकबंधु अस्पताल ले आवल गइल, बाकिर डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs देलस।

जूली के पिता अजय यादव किसान बाड़ें आ माई गुड्डी देवी गृहणी। छोट भाई अमन पढ़ाई कs रहल बा। पारा थाना प्रभारी सुरेश कुमार बतवलें कि परिजन के शिकायत पs मुकदमा दर्ज कइल जा रहल बा आ शव के पंचनामा भरल जा रहल बा।

आज रहे इंटर-स्कूल चैंपियनशिप

जूली यादव आज एलपीएस स्कूल में होखे वाला इंटर-स्कूल बैडमिंटन चैंपियनशिप के इंचार्ज रहली। सवेरे ऊ स्कूल पहुंच गइली, बाकिर उहां पता चलल कि फोन घरही रह गइल बा। ऊ अपना बाइक से फोन ले आवे खातिर लौटत रहली, तबे मौदा मोड़ के लगे ई हादसा हो गइल।

स्कूल प्रिंसिपल राकेश सिंह बतवले कि जूली बड़ मेहनती टीचर रहली आ ऊ अपना जिम्मेदारी के बखूबी निभावत रहली।

रोज चलावत रही होंडा शाइन बाइक

जूली रोज होंडा शाइन बाइक से स्कूल जात रहली। ऊ अप्रिल 2025 में स्कूल जॉइन कइले रहली। सड़क हादसा में ट्रक के टक्कर से ऊ गंभीर रूप से घायल भइली। ट्रक ड्राइवर मौका से फरार हो गइल, पुलिस सीसीटीवी फुटेज खंगारत बिया।

परिवार में मचल कोहराम

जूली के मौत के खबर जइसही उनकर गांव मौदा पहुंचल, घर में कोहराम मच गइल। पिता अजय यादव रो-रोके कहलें- “हमार बिटिया बड़ होनहार रहली, कबहू केहू के बुरा ना कइले रहली, भगवान जाने ई का हो गइल।” गांव आ स्कूल दुनो जगह मातम पसरल बा। लोग कहलस कि जूली एगो नेकदिल आ मददगार लईकी रहली।

Read Also: Bihar Election 2025 : दूसरका चरण में एह विधानसभा सीटन पs सांझा के चार बजे तक होई वोटिंग, आज प्रचार के आखिरी दिन

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.