World Sleep Day 2025: सेहतमंद रहे खातिर जरूरी बा अच्छा नीन, एह टिप्स से सुधारीं आपन स्लीप साइकिल

World Sleep Day 2025: सेहतमंद रहे खातिर जरूरी बा अच्छा नीन, एह टिप्स से सुधारीं आपन स्लीप साइकिल

Share

लाइफस्टाइल डेस्क: ए घरी जीवनशैली में सबसे बड़ चुनौती बा एगो अनुशासित जिनगी के पालन करे के होई। सबेरे देर से उठल, रात में घंटन फोन चलावल आ दुनिया भर के तमाम चिंतन से हर समय घिरल रहल, ई सब बात एगो आम जिनगी के हिस्सा बन चुकल बा कि सीधा तौर पs हमनी के नीन के क्वालिटी से समझौता करत बानी सs।

फेर जब नीन के क्वालिटी खराब होला तs पूरा दिन बेकार जाला। एहिसे जरूरी बा कि एगो सख्त स्लीप रूटीन के पालन कइल जाव, जवना से नीन के क्वालिटी में सुधार ले आवल जा सके। एहिसे अपना स्लीप रूटीन के बेहतर बनावे खातिर अपनाईं ई टिप्स-

सबेरे के रोशनी से दिन के सुरुआत करीं

सबेरे घाम मेंटल क्लैरिटी ले आवेला, मूड के बेहतर बनावेला, फील गुड न्यूरोट्रांसमिटर सेरोटोनिन के मात्रा बढ़ावेला। ई सीजनल मूड चेंज के ठीक करे में मददो करेला। अच्छा मूड नींद के क्वालिटियो के बेहतर बनावेला।

सुतला के 8 से 10 घंटा पहिले ले कैफीन के सेवन मत करीं

कैफीन के सेवन कइला के बाद साफ होखे से पहिले ई सिस्टम आ ब्लडस्ट्रीम में घंटन तक प्रवाहित होला। कैफीन लेला के लगभग 6 घंटा बाद तक ई देह में मवजूद रहेला। एहिसे सुतला के 6 से 8 घंटा पहिले कैफीन के सेवन कइला से सुतला के बेरा दिमाग सक्रिय रहेला आ देह थकल रहेला। एकरा से इन्सोम्निया के समस्या सुरू हो सकत बा।

अपना स्ट्रेस लोड के कम करे के तरीका अपनाईं

नीन के खराब क्वालिटी के सबसे बड़ कारण स्ट्रेस बा। जब हमनी के स्ट्रेस में होनी सs तs हमनी के देह के हर सेल स्ट्रेस में आ जाला। एकरा से स्ट्रेस रिस्पॉन्स सक्रिय हो जाला आ ई नीन के क्वालिटी के संगे पूरा देह के प्रभावित करेला। एहिसे कवनो तरे के स्ट्रेस से डील करे खातिर देह के सब सेल मिल के एनर्जी के डिमांड के पूरा करे में लाग जाला। एकरा से नीन प्रभावित होला आ सामान्य स्लीप वेक साइकिल फॉलो करे में समस्या आवेला। एहिसे स्ट्रेस लोड के कम करे के कोसिस करीं। मेडिटेट करीं भा फेर काउंसलर के मदद लीं।

Read Also: WPL 2025 Final: खिताब के सूखा खत्म करे उतरी दिल्ली, सामने होई मुंबई के चुनौती; देखीं संभावित प्लेइंग 11

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-