Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Good News: माथा प्रत्यारोपण मशीन आ गइल बा, जवन इंसान के अमर बना दिही! केहू के माथा केहू दोसरा के देह में लाग जाई?

522
Google Ads 300*250 for posts

स्टार्टअप ब्रेनब्रिज के वैज्ञानिक दुनिया के पहिला मानव सिर प्रत्यारोपण प्रणाली बनावे के दावा कइले बा। अइसन मशीन, जवन रउरा माथा आ रीढ़ के हड्डी केहू दोसरा के शरीर में फिट हो जाई । एकरा से आदमी जेतना दिन चाहें जिए में सक्षम हो जाई। रउरा कह सकीलें कि अमरता के राह खुल जाई ।

विज्ञान के दुनिया में अइसन कुछ चमत्कार हो रहल बा जवन आश्चर्यजनक बा। कुछ दिन पहिले एलान मस्क के कंपनी न्यूरालिंक एगो विकलांग आदमी के दिमाग में चिप लगा देले रहे। दावा कइल गइल कि अब उनकर दिमाग कंप्यूटर से नियंत्रित हो जाई। हाथ गोड़ के इस्तेमाल करे के जरूरत नइखे । एगो वीडियो भी शेयर कइल गइल जवना में अइसन होखत देखल गइल। बाकिर अब एगो अउरी चमत्कार हो गइल बा । वैज्ञानिक दुनिया के पहिला मानव सिर प्रत्यारोपण प्रणाली बनावे के दावा कइले बा। अइसन मशीन, जवन रउरा माथा आ रीढ़ के हड्डी केहू दोसरा के शरीर में फिट हो जाई । एकरा से आदमी जेतना दिन चाहें जिए में सक्षम होई। रउरा कह सकीलें कि अमरता के राह खुल जाई ।

न्यूरोसाइंस आ बायोमेडिकल इंजीनियरिंग के स्टार्टअप ब्रेनब्रिज, जवन कि अपना प्रयोग से अक्सर दुनिया के झकझोर देले बिया, हेड ट्रांसप्लांट सिस्टम बनवले बिया। उनकर कहनाम बा कि आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) अवुरी रोबोटिक्स के इस्तेमाल से हमनी के अगिला 8 साल में एकरा के हकीकत में बदल देब। कंपनी के दावा बा कि ए सिस्टम से ऊ लोग मौत के बाद दान में दिहल लाश पs दोसरा आदमी के सिर लगा सकतारे। माने कि जदी केहू के लाश स्टेज 4 के कैंसर से पीड़ित बा आ मौत के नजदीक आ गइल बा, केहू के लकवा मार दिहल गइल बा आ शरीर के अंग काम ना करत बा तs अइसन लोग के माथा मृत शरीर पर राखल जाई । ऊ लोग फेर से पहिले नियन काम शुरू कs दिहे।  कंपनीे  मुताबिक, ई अल्जाइमर आ पार्किंसंस जइसन बेमारी से पीड़ित मरीज खातीर रामबाण साबित हो सकता। कंपनी एगो वीडियो भी शेयर कइले बिया, जवना में दुगो रोबोट लेट गइल बा। दुनु जने के एके साथे सर्जरी करावल जा रहल बा । कुछ ही समय में एगो रोबोट के सिर निकाल के दोसरा रोबोट में आसानी से फिट कइल जा सकता। हो सकेला कि ई हॉलीवुड के सीन लागत होखे बाकिर अमेरिकी स्टार्टअप ब्रेनब्रिज ई काम कइले बा ।

दुनिया भर के विशेषज्ञ ए दावा से हैरान बाड़े

दुनिया भर के विशेषज्ञ ए दावा से हैरान बाड़े। ऊ एकरा के काल्पनिक कहले बाड़े। बाकी कंपनी के दावा बा कि ओकरा आपन बेसिक फार्मूला मिल गइल बा आ ऊ लोग अगिला 8 साल में एकर प्रदर्शन करीहे। दुबई के बायोटेक्नोलॉजिस्ट हाशेम अल-घैली एह प्रोजेक्ट के नेतृत्व करत बाड़न । ब्रेनब्रिज के सीईओ डॉ. सर्गेई पेलियन कहले कि, हमनी के हर चरण में व्यापक वैज्ञानिक शोध करतानी। हमनी के मकसद बा कि मेडिकल साइंस के चरम पर ले जाइल जाव, जेहसे कि घातक हालात से मुकाबला कइल जा सके । रीढ़ के हड्डी आ नस के समस्या के समाधान हो सकता। खून के नली के समस्या के सुधारल जा सकता। हालांकि हाशेम अल घैली कहले कि, हमनी के टीम पूरा तरीका से तैयार बिया। हमनी के आश्चर्यजनक नतीजा देब जा।

856880cookie-checkGood News: माथा प्रत्यारोपण मशीन आ गइल बा, जवन इंसान के अमर बना दिही! केहू के माथा केहू दोसरा के देह में लाग जाई?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.