[the_ad_group id="30365"]

Aadhaar update online:अब बस कुछ दिन बाचल बा आधार के मुफ्त में अपडेट, घर में बइठ के अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संभव बा कि 14 जून के बाद एकरा खातीर जुर्माना हो सकता, तब आधार अपडेट के शर्त पैन अपडेट के जइसन हो जाई। अब रउरा खातिर बेहतर बा कि रउरा आपन आधार कार्ड जल्दी से जल्दी अपडेट कर लीं । घर में बइठ के भी मोबाइल के माध्यम से आपन आधार अपडेट कर सकेनी। पढ़ी पूरा जानकारी…

जदी रउरा लगे भी 10 साल पुरान आधार कार्ड बा आ ए दौरान एक बेर भी अपडेट नइखे भइल तs ई खबर रउवा खातीर बहुत जरूरी बा। सरकार आधार कार्ड के मुफ्त अपडेट खातीर 14 जून 2024 के तारीख तय कइले बिया आ ए 14 जून खातीर अभी कुछ दिन बाचल बा। आज तक आप आपन आधार मुफ्त में अपडेट कर सकत बानी। संभव बा कि 14 जून के बाद एकरा खातीर जुर्माना हो सकता, तब आधार अपडेट के शर्त पैन अपडेट के जइसन हो जाई। अब रउरा खातिर बेहतर बा कि रउरा आपन आधार कार्ड जल्दी से जल्दी अपडेट कर लीं । घर में बइठ के भी मोबाइल से आपन आधार अपडेट कर सकत बानी….

अपडेट खातिर एह दस्तावेजन के जरूरत पड़ी

आधार अपडेट खातिर दू गो महत्वपूर्ण दस्तावेज के जरूरत पड़ी। पहिला पहचान पत्र आ दूसरा पता के सबूत। आमतौर पs आधार केंद्र पs आधार अपडेट खाती 50 रुपया के शुल्क लिहल जाला, बाकी यूआईडीएआई के मुताबिक ई सेवा 14 जून तक मुफ्त बा। पहचान प्रमाण के रूप में पैन कार्ड आ पता खातिर वोटर कार्ड दे सकेनी।

घर में बइठ के अइसे अपडेट करीं

मोबाइल भा लैपटॉप से यूआईडीएआई के वेबसाइट पर जाईं । एकरा बाद आधार अपडेट के विकल्प पs क्लिक करीं। अब आधार नंबर डाल के ओटीपी के माध्यम से लॉगिन करीं। एकरा बाद डॉक्यूमेंट अपडेट पर क्लिक करीं आ सत्यापन करीं । अब नीचे दिहल ड्रॉप लिस्ट से पहचान पत्र आ पता सबूत के स्कैन कइल कॉपी अपलोड करीं । अब सबमिट पर क्लिक करीं। एकरा बाद रउरा के रिक्वेस्ट नंबर मिल जाई आ फार्म जमा हो जाई । संगही, रउआ अनुरोध नंबर से अपडेट के स्थिति के जांच कs सकेनी। कुछ दिन बाद राउर आधार अपडेट हो जाई ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]