कैम्पियरगंज के जेपी इंटर कॉलेज के फील्ड में युवा कल्याण अउरी प्रादेशिक विकास दल के निरीक्षण में ब्लाक स्तरीय ग्रामीण खेलकूद प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। प्रतियोगिता में युवा खिलाड़ी लोग आपन दम देखावल। जेहमें बालिका लोग अपने प्रतिभा के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन कइल। खेलकूद प्रतियोगिता के समापन अवसर पर बतौर मुख्य अतिथि ब्लाक प्रमुख अश्वनी जायसवाल शील्ड दे के पुरस्कृत कइलें।
दौड़ में बालिका वर्ग में इ लोग मारल बाजी
बुध के आयोजित ब्लाक स्तरीय एक दिवसीय खेलकूद प्रतियोगिता में बालिका वर्ग में 400 मीटर दौड़ में मेनका पहिला, मीना दुसरा, प्रिया तिसरा स्थान पर रहली। 100 मीटर में शालिनी पहिला, तनु दुसरा गुलबसा खातून तिसरा स्थान पs रहली।
पुरुष लंबीकूद प्रतियोगिता में ई लोग मारल बाजी
लंबीकूद में सिद्धांत पहिला, विवेक दुसरा, मफूज तिसरा अउरी 400 मीटर दौड़ में मंजीत पहिला, अयान दुसरा, राहुल तिसरा, 800 मीटर में अनिल पहिला, अजय दुसरा,पंकज तिसरा,100 मीटर में महफूज पहिला, रामभवन दुसरा, आदर्श तिसरा, 200 मीटर दौड़ में रामभवन पहिला, सचिन दुसरा,महफूज तिसरा स्थान हासिल कइलें।
अइसन प्रतियोगिता से मिलsला पहचान
प्रतियोगिता के समापन अवसर पर खिलाड़ियन के सम्मानित करत कैम्पियरगंज के ब्लाक प्रमुख अश्वनी जायसवाल कहलें कि अइसन प्रतियोगिता के आयोजन से ग्रामीण क्षेत्र में होनहार खिलाड़ियन के उनकर प्रतिभा के बेहतरीन प्रदर्शन देखे के मिलsला। आगे चल के अइसने खिलाड़ियन के राज्य, प्रदेश अउरी राष्ट्रीय स्तर पर अलग पहचान मिलsला। एहलिए अइसन आयोजन समय-समय पर होत रहे के चाहीं।
ई लोग रहल उपस्थित
निर्णय के बाद विजेता अउरी उपविजेता के शील्ड अउरी प्रमाण पत्र देहल गइल। प्रतियोगीता के सकुशल आयोजन खातिर एडीओ आईएसबी अमरेंद्र प्रताप सिंह, एडीओ समाज कल्याण वृजेश शुक्ला, बीसी पीआरडी ब्रम्हदेव सिंह,त्रिभुवन पासवान सहित प्रादेशिक युवा दल के कर्मचारी लोग के भूमिका सराहनीय रहल।