Ghaziabad Triple Suicide : हमनी के कोरियन लवर… राउर मार से बढ़िया मौत लागी, गाजियाबाद के ट्रिपल सुसाइड केस में नया खुलासा

Share

गाजियाबाद। उत्तर प्रदेश के गाजियाबाद जिला के साहिबाबाद इस्थित भारत सिटी सोसायटी में दिल दहला देवे वाला घटना सामने आइल बा। इहां तीन गो नाबालिग बहिन नउवां मंजिल के फ्लैट से कूद के सामूहिक आत्महत्या कs लिहल लोग। एह ट्रिपल सुसाइड ममिला में पुलिस के आठ पन्ना के सुसाइड नोट मिलल बा, जवना में तीनो बहिन आपन दरद आ मन के हाल लिखले बा लोग।

पुलिस जांच में सामने आइल बा कि तीनो बहिन लमहर समय से मोबाइल पs कोरियन गेम, के-पॉप आ कोरियन ड्रामा सीरियल देखत रहे लोग। एह वजह से ऊ कोरियन कल्चर से बहुत जादे प्रभावित हो गइल रहे लोग आ उहवां के रहन-सहन, पहनावा, हेयर स्टाइल आ लाइफस्टाइल अपनावे लगली। परिवार के लोग एह बात से परेसान रहे। करीब 15 दिन पहिले पिता मोबाइल फोन छीन के बेच देलें, एह घटना के बाद तीनो गहिराह मानसिक तनाव में चल गइल रहे लोग।

मंगर के देर रात करीब पौने दु बजे तीनो बहिन नउवां मंजिल के बालकनी से कूद के जान दे दिहल लोग। सुसाइड नोट में लिखल बा कि ऊ लोग खुद के “कोरियन लवर” मानत रहे। तीनो आपन नाम बदल के मारिया, एलिजा आ सिंडी रख लेले रहे। ऊ लोग आपन तीन साल के छोट बहिन देव्यांशी उर्फ देवु के कोरियन लवर बनावे चाहत रहे लोग, बाकिर परिवार के लोग एह बात के विरोध करत रहे।

नोट में लिखल बा कि एह बात पs कइयन बेर डांट-मार पड़ल, जवना से तीनो लोग नाराज रहे। छोटी मासी टीना, जे अक्सर घर पs रहेली, उनका के ऊ लोग “मम्मी” कहत रहे के-पॉप स्टारन के दीवानगी एतना बढ़ गइल रहे कि परिवार के लोगन से दूरी बन गइल।

सुसाइड नोट में तीनो लाेग लिखल कि “हमनी के कोरियन आ के-पॉप हईं, रउआ लोग इंडिया आ बॉलीवुड हईं। हमनी के रउआ लोगन से मार खाए खातिर एह दुनिया में नइखी आइल सs। मार से बढ़िया तs हमनी के मौत ठीक लागेला। कोरियन स्टार हमनी के जान हs लोग।” एह शब्दन से साफ बा कि मानसिक दबाव आ अंधा दीवानगी एह दर्दनाक फैसला के वजह बनल।

Read Also: T20 World Cup 2026 : पाकिस्‍तानी PM शाहबाज शरीफ भारत के खिलाफ मैच ना खेलला पs अड़लें, कहलें- सोच समझके लेनी फैसला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-