Rajya Sabha : राज्यसभा में हंगामा, राहुल गांधी के ना बोले देवे पs खरगे के सवाल, नड्डा-रिजिजू के तीखा जवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 5, 2026

नई दिल्ली। संसद के बजट सत्र के आज सातवां दिन बा। आज प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राज्यसभा में राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद प्रस्ताव जवाब दे सकेलें। एकरा से पहिले राज्यसभा में विपक्ष के नेता मल्लिकार्जुन

Share

Rajya Sabha Uproar: खरगे के एक शब्द पs संसद में तनातनी; राज्यसभा में जमके हंगामा, भाजपा कइलस माफी के मांग

नई दिल्ली। संसद के बजट सत्र के आज सातवां दिन बा। आज प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राज्यसभा में राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद प्रस्ताव जवाब दे सकेलें। एकरा से पहिले राज्यसभा में विपक्ष के नेता मल्लिकार्जुन खरगे लोकसभा में राहुल गांधी के बोले ना देवे के मुद्दा उठवलें।

राज्यसभा में बोलत खरगे कहलें, “संसद के मतलब लोकसभा आ राज्यसभा दुनो हs। लोकसभा में विपक्ष के नेता देस के हित के मुद्दा पs बोले के चाहत रहलें, बाकिर उनका के बोले ना दिहल गइल। एह तरे से सदन के काम कइसे चलावल जा सकेला?”

एह बात पs सदन में मवजूद केंद्रीय मंत्री जेपी नड्डा खरगे के टोकेत कहलें कि विपक्ष के नेता के ई बात समझे के चाहीं कि लोकसभा के कार्यवाही पs राज्यसभा में चरचा ना कइल जा सकेला। नड्डा कहलें कि सरकार हर मुद्दा पs चरचा खातिर पूरा तरे तइयार बिया।

एही बीच केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू सदन में बोललें। ऊ कहलें, “आज हम सब सांसदन से उम्मीद करत बानी कि ऊ सदन के नियम आ परंपरा के पालन करी लोग। आज सब सांसद प्रधानमंत्री के भाषण सुने के इंतजार में बा लोग। राउर लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी सदन के नियमन के पालन नइखन करत।”

खरगे के बयान के बाद सभापति नाराज लउकलें आ साफ शब्दन में कहलें कि सदन में बात करत घरी सच्चाई बयान कइल जावs आ लोकतांत्रिक तरीका अपनावल जावs। एह पूरा घटनाक्रम से राज्यसभा में कुछ देर तक तीखा बहस देखे के मिलल।

Read Also: Ghaziabad Triple Suicide : हमनी के कोरियन लवर… राउर मार से बढ़िया मौत लागी, गाजियाबाद के ट्रिपल सुसाइड केस में नया खुलासा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.