स्पोर्ट्स डेस्क। दिल्ली कैपिटल्स एलिमिनेटर मुकाबला में गुजरात जायंट्स के हराके महिला प्रीमियर लीग (WPL) के फाइनल में जगह बना लेलस। गुजरात जायंट्स बेथ मूनी के नाबाद अर्धशतक के सहारे 20 ओवर में 7 विकेट पs 168 रन बनवलस। जवाब में दिल्ली कैपिटल्स 15.4 ओवर में 3 विकेट पs 169 रन बना के मुकाबला 7 विकेट से जीत लेलस। ई लगातार चउथा बेर हs, जब दिल्ली के टीम खिताबी मुकाबला में पहुंचल बिया। अब 5 फरवरी के फाइनल में दिल्ली के सामना रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB) से होई। अभी तक दिल्ली WPL के खिताब नइखे जीत सकल, अबकि बेर ओकरा लगे पहिलका ट्रॉफी जीते के सुनहरा मवका बा।
शेफाली-लिजेली दिलवलस दमदार सुरुआत
लक्ष्य के पीछा करत शेफाली वर्मा आ लिजेली ली दिल्ली कैपिटल्स के मजबूत सुरुआत दिलावल लोग। दुनो बल्लेबाज आक्रामक अंदाज में खेल देखावल आ पहिलका विकेट खातिर 89 रन जोड़ल लोग। ई साझेदारी जॉर्जिया वारेहम तुड़ली, जब ऊ लिजेली के आउट कइली। लिजेली 24 गेना पs 8 चौका आ 1 छक्का के मदद से 43 रन बना के आउट भइली। ओकरा तुरंत बाद जॉर्जिया शेफाली के बोल्ड कs के पवेलियन भेज देलें। शेफाली 21 गेना पs 7 चउका के सहारे 31 रन बनवली।
वोलवार्ट-जेमिमा चमकल लोग
दुगो झटका लगला के बाद लाउरा वोलवार्ट आ कप्तान जेमिमा रोड्रिग्स पारी के आगे बढ़वली। दुनो के बीच तीसरा विकेट खातिर 41 गेना पs 68 रन के सानदार साझेदारी भइल। हालांकि, दिल्ली जीत दर्ज करे से पहिले राजेश्वरी गायकवाड़ जेमिमा के आउट कs के पवेलियन भेज देली। जेमिमा 23 गेना पs 4 चउका आ 1 छक्का के मदद से 41 रन बना के आउट भइली। वोलवार्ट अंत तक टिकली रहली आ मारिजाने काप के संगे मिलके दिल्ली के लगातार चउथा जीत दिलवली। वोलवार्ट 24 गेना पs 2 चउका आ 1 छक्का के सहारे 32 रन नाबाद रहली, जबकि काप 3 गेना पs 1 चउका लगा के 4 रन नाबाद बनवली। गुजरात खातिर वारेहम के 2 आ राजेश्वरी के 1 विकेट मिलल।
गुजरात के खराब सुरुआत
गुजरात जायंट्स खातिर बेथ मूनी आ सोफी डिवाइन ओपनिंग करे उतरल लोग, बाकिर सोफी डिवाइन जल्दी आउट हो गइली। ऊ 9 गेना पs 1 चउका के मदद से 6 रन बनाके आउट भइली। ओकरा बाद नंदिनी शर्मा लगातार दु गेना पs दुगो झटका दे देली। पहिले अनुष्का शर्मा आउट भइली। अनुष्का 13 गेना पs 2 चउका के सहारे 16 रन बनाके आउट भइली। अगिलके गेना पs एश्ले गार्डनर खाता खोलले बिना पवेलियन लवट गइली। कनिका अहुजा 9 गेना पs 6 रन बना के चउथा विकेट के रूप में आउट भइली।
मूनी-जॉर्जिया के साझेदारी
चार विकेट गिरला के बाद बेथ मूनी आ जॉर्जिया वारेहम पांचवां विकेट खातिर 61 रन के साझेदारी कइल लोग, जवना से टीम के स्कोर 100 रन के पार पहुंचल। चिनेली हेनरी जॉर्जिया के आउट कs के ई साझेदारी तुड़ली। जॉर्जिया 25 गेना पs 3 चउका आ 1 छक्का के मदद से 35 रन बनाके आउट भइली। ओहिजा ओवर में चिनेली भारती फुलमाली के बिना खाता खोले आउट कs देली। मूनी हालांकि अर्धशतक पूरा कइली आ टीम के चुनौतीपूर्ण स्कोर तक पहुंचवली। मूनी 51 गेना पs 6 चउका के सहारे 62 रन नाबाद रहली। गुजरात खातिर काश्वी गौतम 10 गेना पs 3 चउका लगा के 18 रन बनवली। दिल्ली तरफ से चिनेली हेनरी 3 विकेट लेली, नंदिनी शर्मा 2 आ मिनू मणि 1 विकेट लेली।
टॉस आ प्लेइंग-11
दिल्ली एह अहम मुकाबला में टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलस। दिल्ली के कप्तान जेमिमा रोड्रिग्स बतवली कि प्लेइंग-11 में कवनो बदलाव नइखे कइल गइल। ओने, गुजरात के एकादश में कवनो बदलाव ना रहे।
दिल्ली कैपिटल्स: लिजेली ली (विकेटकीपर), शेफाली वर्मा, लाउरा वोलवार्ट, जेमिमा रोड्रिग्स (कप्तान), मारिजाने काप, चिनेली हेनरी, निकी प्रसाद, स्नेह राणा, मिनू मणि, श्री चरणी, नंदिनी शर्मा।
गुजरात जायंट्स: बेथ मूनी (विकेटकीपर), सोफी डिवाइन, अनुष्का शर्मा, एश्ले गार्डनर (कप्तान), जॉर्जिया वारेहम, भारती फुलमाली, कनिका अहुजा, काश्वी गौतम, तनुजा कंवर, रेणुका सिंह ठाकुर, राजेश्वरी गायकवाड़।
Read Also: Bihar : परिमार्जन के नापर रिश्वत लेते राजस्व कर्मचारी धराइल, निगरानी ब्यूरो के बड़ कार्रवाई








