Bihar : परिमार्जन के नापर रिश्वत लेते राजस्व कर्मचारी धराइल, निगरानी ब्यूरो के बड़ कार्रवाई

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 4, 2026

नवादा। नवादा जिला में निगरानी अन्वेषण ब्यूरो परिमार्जन के नाम पs रिश्वत वसूले के ममिला में बड़ कार्रवाई कइले बिया। रोह अंचल में तैनात राजस्व कर्मचारी गुलशन कुमार के 35 हजार रुपिया रिश्वत लेत रंगे

Share

Bihar Vigilance Bureau Arrests Revenue Employee Taking Bribe in Nawada

नवादा। नवादा जिला में निगरानी अन्वेषण ब्यूरो परिमार्जन के नाम पs रिश्वत वसूले के ममिला में बड़ कार्रवाई कइले बिया। रोह अंचल में तैनात राजस्व कर्मचारी गुलशन कुमार के 35 हजार रुपिया रिश्वत लेत रंगे हाथ गिरफ्तार कइल गइल बा। ई कार्रवाई निगरानी के पुलिस उपाधीक्षक विकास कुमार श्रीवास्तव के अगुवाई में भइल बा।

परिमार्जन आवेदन से जुड़ल बा ममिला

निगरानी डीएसपी के मोताबिक, परिवादी मंटू कुमार, ग्राम बेलडीह, थाना रोह, जिला नवादा आपन पुश्तैनी जमीन के परिमार्जन खातिर आवेदन देले रहलें। ई आवेदन दु-दु बेर खारिज कs दिहल गइल। ओकरा बाद मंटू कुमार राजस्व कर्मचारी गुलशन कुमार से संपर्क कइले रहलें।

35 हजार रुपिया मांगे के आरोप

आरोप बा कि राजस्व कर्मचारी ऑफलाइन आवेदन देवे के बात कहत परिमार्जन के बदले 35 हजार रुपइया मांगे लागल। एह मांग से परेशान होके मंटू कुमार निगरानी अन्वेषण ब्यूरो, पटना में लिखित शिकायत दर्ज कराइलन।

शिकायत सही पावे पर बनल ट्रैप टीम

शिकायत मिलला के बाद निगरानी ब्यूरो ममिला के सत्यापन करवलस, जवना मे आरोप सही पावल गइल। एकरा पs निगरानी महानिदेशक जेएस गंगवार के निरदेस पs विशेष टीम बनावल गइल। योजना के तहत मंगर के सबेरे निगरानी टीम नवादा पहुंचल। रोह थाना क्षेत्र के वंशी चौराहा के लगे परिवादी के आरोपी के रिश्वत के रकम देवे खातिर बोलावल गइल। जइसही मंटू कुमार 35 हजार रुपिया गुलशन कुमार के देले आ आरोपी रकम आपन जैकेट के बायां पाकिट में रखलस, पहिलही से तैनात निगरानी अधिकारी लोग ओकरा के धर लिहल।

रंग परीक्षण से आरोप के पुष्टि

गिरफ्तारी के बाद आरोपी के दुनो हाथ पानी से धुलवावल गइल, जवना में गुलाबी रंग निकले के पुष्टि भइल। ओकरा बाद गिरफ्तारी के सूचना आरोपी के परिवार, नवादा जिलाधिकारी आ संबंधित पदाधिकारी लोगन के दिहल गइल। एह कार्रवाई के बाद राजस्व विभाग में हड़कंप मच गइल बा। निगरानी ब्यूरो ममिला में आगे के कानूनी कार्रवाई करत बिया आ अलग-अलग बिंदुअन पs जांच जारी बा।

Read Also: UP News : शिक्षकन खातिर बड़ फैसला, छुट्टी के दिन जबरन ना बोलावल जा सकी, जल्दी जारी होई सख्त निरदेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.