Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

GDA 11 महीना में कइलस 395 करोड़ के कमाई, 300 करोड़ के संपत्तियन से कब्जा हटवलस

25

गोरखपुर विकास प्राधिकरण सितंबर 2023 से अगस्त तक 11 महीना में 395 करोड़ रुपिया के कमाई कइले बा। विकास प्राधिकरण के ई अभी तक के सबसे जादे कमाई हs। प्राधिकरण ई उपलब्धि प्राधिकरण के सम्पत्तियन के मनोरंजन आ नागरिक सुविधन से जोड़के हासिल कइलें।

ओहिजा, रोजगार के नया अवसरन के सृजन भइल बा। मानचित्र निस्तारण पs जोर के संगे खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी परियोजना के सम्पत्तियन के बिक्रियो के बड़ भूमिका बा।

प्राधिकरण उपाध्यक्ष के रूप में आनंद वर्द्धन सितंबर 2023 में कार्यभार ग्रहण कइले रहस। अप्रिल से सितंबर तक प्राधिकरण खाली 50 करोड़ के आय अर्जित कइले बा। पूरा वित्त बरिस के आय जोड़ लिहल जाव तs ई धनराशि 334 करोड़ हो जात बा।

सितंबर से मार्च 2024 तक 284 करोड़ भइल कमाई

बाकिर, सितंबर में कार्यभार संभरला के बाद प्राधिकरण उपाध्यक्ष सितंबर से मार्च 2024 तक 284 करोड़ रुपिया के आय अर्जित कइले बाड़ें। ओकरा बाद अप्रिल से अगस्त तक 111 करोड़ रुपिया जुटवलें। कुल मिलाके सितंबर 2023 से अगस्त तक प्राधिकरण उपाध्यक्ष 395 करोड़ रुपिया के आय अर्जित कइले रहस।

इहां से भइल आमदनी

गोरखपुर विकास प्राधिकरण 300 से जादे भूखण्ड खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी परियोजना में बिक्री कइलस। जहां यशोदा हास्पिटल जइसन बड़े समूह जमीन किनले बा। एकरा अलावे डिफाल्टर श्रेणी के बकाया धनराशि के वसूली पs सख्ती कइलस।

नतीजतन 175 करोड़ रुपिया बकाया में 114 करोड़ रुपिया के वसूली कइलस। एकरा अलावे नौकायन पs ताल बाजार, स्मार्ट पार्किंग, जेएसआर गार्डेन फूडकोर्ट, फ्लोटिंग रेस्टोरेंट, वॉटर स्पोर्ट्स काम्प्लेक्स, जेएसआर कार्निवल, मुक्ताकाशी मंच, लेक क्वीन क्रूज के संचालन आदि से जुटवलस।

भूमि मुद्रीकरण योजना के आधार पs विश्वस्तरीय कन्वेंशन सेंटर के निर्माण से धनराशि जुटवलस। इहे ना, प्राधिकरण के तकरीबन 300 करोड़ रुपिया कीमत के जमीनन के कब्जा मुक्त कराके काबिज भइल। ग्रीनवुड सिटी परियोजना में 03 बीएचके आ 04 बीएचके फ्लैट के आवंटन कs के धनराशि जुटवलस।

500 करोड़ रुपिया के कमाई के लक्ष्य

हालांकि, सितंबर महीना के आय अभी जोड़ल नइखे गइल। एक बेर फेर ग्रीनवुड सिटी, राप्तीनगर विस्तार में न्यू रोहिणी आ खोराबार परियोजना में फ्लैट के बुकिंग खातिर पंजीकरण सुरू बा। 28 अक्तूबर तक एकरा खातिर ई-निलामी होई। एकरा अलावे नया गोरखपुर परियोजना में किसानन के सहमति से जमीन किने के प्रक्रिया सामिल बा।

उम्मीद बा कि मवजूदा वित्त बरिस में एह पs काम सुरू हो जाई। जवना से निगम के आय होई। प्राधिकरण वित्त बरिस 2021-22 में 200 करोड़ के आय अर्जित कइले रहे। फिलहाल, प्राधिकरण के एह उपलब्धियन से अधिकारियन-कर्मचारियन में उत्साह के आलम बा। लिहाजा मवजूदा वित्त बरिस में 500 करोड़ रुपिया के कमाई के रिकार्ड बनावे के आ अग्रसर बा।

सभे के सहजोग से हासिल भइल उपलब्धि

गोरखपुर विकास प्राधिकरण के उपाध्यक्ष आनंद वर्द्धन ने बताया, ‘सितंबर माह से अगस्त तक 395 करोड़ की आय अर्जित की गई। मौजूदा वित्त वर्ष में 500 करोड़ रुपये की आय का लक्ष्य है। यह उपलब्धि प्राधिकरण के अधिकारियों और कर्मचारियों के सहयोग से ही हासिल हुई है।’

970190cookie-checkGDA 11 महीना में कइलस 395 करोड़ के कमाई, 300 करोड़ के संपत्तियन से कब्जा हटवलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.