Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कचहरी टोला अउर खैरखूंटा में गंडक के दबाव बरकरार

229
वाल्मीकिनगर बैराज में अतवार के सुबेरे गंडक नदी में छोड़ल गइल 1.42 लाख क्यूसेक पानी अब घट गइल। अतवार के साँझ 1.09 लाख क्यूसेक पर आ गइल। फिर भी एपी बांध के कचहरी टोला में किलोमीटर 14.500 अउरी खैरखूंटा में किलोमीटर 13.800 पर पानी के दबाव बनल बा। एह गांव के लोग के कहनाम् बा कि अगर गंडक के जलस्तर में उतार चढ़ाव के सिलसिला एही तरे जारी रहल त कब्बो भी कटान के खतरा बढ़ सकsता अउर बांध के साथ गांव के सुरक्षा खतरा में पड़ सकsता।
सितंबर के आधा महीना बीत गइले के बादो गंडक नदी में डिस्चार्ज के सिलसिला अभिन जारी बा। शनिचर साँझ वाल्मीकिनगर बैराज से गंडक नदी में लगातार कई घंटा ले 1.42 लाख क्यूसेक पानी छोड़ल गइल। हालांकि, सुबह डिस्चार्ज घटकर 1.09 क्यूसेक पर पहुंच गइल। फिर भी एपी बांध के खैरखूंटा में किलोमीटर 13.800 अउरी कचहरी टोला में किलोमीटर 14.500 पर दबाव दिखे लागल। एह दूनों जगह पर पानी के दबाव बढ़ले से कटान के खतरा मंडराए लागल बा।
कचहरी टोला के संजय सिंह, बलिस्टर सिंह, विश्वनाथ सिंह, डॉ. ब्रह्मा शर्मा, पप्पू सिंह अउर खैरखूंटा के प्रहलाद राम, भगवान पासवान, अच्छेलाल बैठा, रकटू राम आदि के कहनाम बा कि ई गंडक नदी के जलस्तर में उतार-चढ़ाव के सिलसिला एही तरे जारी रहल त गांव पर कटान के खतरा कब्बो बढ़ सकsता। अगर कटान शुरू भइल त एपी बांध के साथ गांव के सुरक्षा के भी खतरा उत्पन्न हो सकsला।
बाढ़ खंड तृतीय के सहायक अभियंता एसके प्रियदर्शी के कहनाम बा कि डिस्चार्ज के उतार-चढ़ाव के देखत सब संवेदनशील जगह पर अभियंता निगरानी कs रहल बानें। बांध पूरा तरे से सुरक्षित बा
334940cookie-checkकचहरी टोला अउर खैरखूंटा में गंडक के दबाव बरकरार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.