कोहली से तकरार के बाद गंभीर के रहस्यमयी पोस्ट वायरल, बोलले- “इ कलयुग ह इहाँ भगोड़ा …”

Share

 

 

आईपीएल 2023 के 43वां मैच कड़ुआ यादन के साक्षी बन गइल बा। लखनऊ सुपरजायंट्स (एलएसजी) के मेंटॉर गौतम गंभीर आ रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर (आरसीबी) के स्टार प्लेयर विराट कोहली में टकराव हो गइल। दुनों के बीच मैच के बाद गरमागरम बहस हो गईल। एक समय अइसन लागल कि कहीं बात हाथ से बाहर हो जाइ। एह विवाद के दू दिन बीत गइल बा बाकिर गंभीर आ कोहली के व्यवहार पे कड़ा चरचा हो रहल बा। एकरा संगे बुधवार के गंभीर एगो रहस्यमयी पोस्ट शेयर कईले, जवन कि सोशल मीडिया पे वायरल होखता।

दरअसल गंभीर अपना आधिकारिक ट्विटर अकाउंट पे लिखले कि, “दिल्ली क्रिकेट से ‘दबाव’ के हवाला देके भागल आदमी क्रिकेट के चिंता के नाम पे पेड पीआर बेचे खातीर बहुत बेचैन बा! इ कलयुग ह। इहा ‘भगोड़ा’ आपन ‘अदालत’ चलावे ने।” गंभीर के एह पोस्ट पे यूजर्स के कड़ा रिएक्शन मिल रहल बा। क्रिकेटर रहल आ भाजपा सांसद गंभीर के एह ट्वीट के बहुते यूजर पत्रकार रजत शर्मा पे ताना मारत मानत बाड़े। रउरा सभे के बतादी कि रजत शर्मा अपना कार्यक्रम में गंभीर के आलोचना कइले रहले जबकि कोहली के पक्ष में रहले। रजत ‘आप की अदालत’ शो के होस्टिंग खातिर मशहूर बाड़े।

रजत शर्मा ए कार्यक्रम में कहले रहले कि गंभीर के सांसद बनला के बाद घमंड बढ़ गईल बा। विराट के लोकप्रियता उनका के केतना परेशान करेला, मैदान में देखाई देलस। विराट अइसन खिलाड़ी हउवें जे हमेशा आक्रामक रहेलें। ऊ कवनो तरह के बकवास बर्दाश्त ना करेने । त ऊ गंभीर के बराबर जवाब दे दिहलन। कुल मिलाके गंभीर जवन कईले उ स्पोर्ट्समैन स्पिरिट के खिलाफ बा। ना त ई कवनो पूर्व खिलाड़ी के शोभा बढ़ावेला ना कवनो सांसद के। अयीसन घटना क्रिकेट के नुकसान पहुंचावेला अवुरी इ ना होखे के चाहीं ।

साभार- हिंदुस्तान

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-