गदर’ के सकीना क्लब में कइली अइसन डांस, सुपरबोल्ड अंदाज देखके फैंस भइले नाराज

Share

 

 

 

अमीशा पटेल वीडियो : बॉलीवुड अभिनेत्री अमीशा पटेल एक बार फेरु से अपना आवे वाली फिल्म ‘गदर 2’ के लेके चर्चा में बाड़ी। हाल ही में उनकर फिल्म ‘गदर’ भी सिनेमाघरन में दोबारा रिलीज भइल बा। फिल्म में अमीशा के मासूमियत एक बेर फेरु से जनता के दिल जीत लिहलस। फिल्म के संगे एकर सीक्वल ‘गदर 2’ के टीजर भी रिलीज हो चुकल बा। जवन वायरल हो गइल। बाकिर अब अमीशा पटेल के एगो वीडियो वायरल हो रहल बा जवना में ऊ नाचत लउकत बाड़ी। एह वीडियो में अमीशा के बोल्डनेस के चलते उहो ट्रोल हो रहल बाड़ी।

सकिना के सुपरबोल्ड स्टाइल

वीडियो के विरल भयानी इंस्टाग्राम पs शेयर कईले बाड़े। जवना में अमीशा पटेल एगो क्लब में सफेद आ धूसर रंग के ड्रेस में खुशी से नाचत लउकत बाड़ी। वीडियो में हमनी के देख सकत बानी जा कि अमीशा पूरा नशा में धुत्त बाड़ी आ नाच के मजा लेत बाड़ी। बहुत लोग अमीशा के मस्त जीवनशैली के तारीफ करत बाड़े जबकि कुछ लोग उनुका के निशाना बनावत बाड़े।

माटी में सकीना के इज्जत

एह वीडियो के कमेंट बॉक्स में हमनी के देख सकत बानी जा कि ‘गदर 2’ के इंतजार करे वाला लोग अपना मासूम सकीना के इ बोल्ड लुक नईखन देख पावत। एगो लिखले बा कि “सकीना में बहुते बदलाव आइल बा।” एगो अउरी यूजर लिखले बा कि, “सनी पाजी कहत होईहे – सकीना हमनी के इज्जत माटी में मिलावत बाड़ी।” त एगो लिखले कि “अतना दिन बाद फिल्म मिलला के खुशी में अमीशा जी।” एहसे एगो यूजर लिखले कि, इ सिर्फ पाकिस्तान में सही रहे। आईं हमनी के बता दीं कि ई वीडियो अमीशा के जन्मदिन के बारे में बा। जवन गुरुवार के विलार भयानी शेयर कईले रहले, उ वायरल हो गईल।

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-