G20 Summit: सज गइल बा मंच, आजु होइ दुनिया के अहम राष्ट्राध्यक्षन के बीच शिखर वार्ता

Share

 

 

देश के राजधानी नई दिल्ली जी-20 शिखर सम्मेलन खातिर पूरा तरह से तइयार बिया। एह बइठक में भाग लेबे खातिर अमेरिका के राष्ट्रपति जो बाइडेन से ले के ब्रिटेन के पीएम ऋषि सुनक भारत आइल बाड़न। पीएम मोदी काल्हु जो बाइडेन आ अउरी कई गो नेता लोग के साथे द्विपक्षीय मुलाकात भी कइलन। 9-10 सितंबर के होखे वाला शिखर बैठक में दुनिया भर के नेता कई गो महत्वपूर्ण फैसला ले सकेलें।

पद्मश्री से सम्मानित परेशभाई जयंतीभाई राठवा भारत मंडपम में जी 20 प्रदर्शनी में पिथोरा कला जनजातीय पेंटिंग के प्रदर्शन कइले।सूत्र बतवले कि औपचारिक रात्रिभोज के खास तौर पs ए मौका खातीर बनावल विशेष चांदी के बर्तन में परोसल जाई। जी-20 शिखर सम्मेलन खातिर नई दिल्ली के प्रगति मैदान में तैयार भारतक मंडपम के शानदार वीडियो जारी हो गईल बा।

दिल्ली में जी-20 शिखर सम्मेलन के पूर्व संध्या पs बियफे के दिने पास के नोएडा में सुरक्षा अउरी मजबूत कs दिहल गइल आ पुलिसकर्मी बम निपटान दस्ता आ स्वान दस्ता के साथे भीड़ वाला इलाकन में गश्त करत रहले। एगो आधिकारिक बयान के मुताबिक, पुलिस टीम सेक्टर 18 के बाजार, नजदीकी शॉपिंग मॉल अवुरी मेट्रो स्टेशन के आसपास गश्त कईलस, एकरा अलावे अवुरी जगह पs लोग के भीड़ लागल। एकरा संगे गाड़ी के जांच भी कईल गईल, बयान में कहल गईल बा।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-