Fusion Fest 2025: लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक के ओर से आयोजित ऑडिशन में लउकल प्रतिभा के चमक

Share

गोरखपुर। लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक के ओर से आयोजित फ्यूजन फेस्ट 2025 के तहत अलग-अलग प्रतियोगितन के आयोजन कइल जा रहल बा। एही प्रतियोगितन के श्रृंखला में फायरलेस कुकिंग, फैशन शो, नृत्य, गीत आ वादन जइसन विधा खातिर प्रतिभागियन के दूसरका ऑडिशन होटल प्रगति इन में सफलतापूर्वक संपन्न भइल।

एह मवका पs राजनीति, समाजसेवा, साहित्य आ कला-संगीत जगत के कइयन गो नामचीन हस्ती बतौर अतिथि उपस्थित रहल लो। एमे प्रमुख रूप से डॉ. जसपाल सिंह, पूर्व महापौर डॉ. सत्या पांडेय, अचिंत्य लाहिरी, डॉ. राकेश श्रीवास्तव, समाजसेवी विजय कुमार श्रीवास्तव, नवीन श्रीवास्तव, धीरज सिंह, नरेंद्र मिश्र आ विकास श्रीवास्तव जइसन प्रतिष्ठित नाम सामिल रहल।

प्रतियोगिता में निर्णायक मंडल के भूमिका में त्रिपुरारी मिश्र, सुष्मित, आंचल आनंद, संदीप पांडेय, पवन गुप्ता आ खुशबू श्रीवास्तव मवजूद रहल लो, जे प्रतिभागियन के प्रदर्शन के निष्पक्ष मूल्यांकन कइल।

लिरिक्स एकेडमी के निदेशक कल्पना श्रीवास्तव बतवली कि फैशन शो आ फायरलेस कुकिंग प्रतियोगिता में हर आयु वर्ग के महिला लाेग उत्साह से भाग लिहल। कार्यक्रम के कुशल संचालन पूर्णिमा द्विवेदी कइली, जिनकर एंकरिंग प्रतिभागियन आ दर्शक दुनो के बान्ह के राखे में सफल रहल।

कार्यक्रम के सफल बनावे में लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक के पूरा टीम के महत्वपूर्ण जोगदान रहल, जेमे मनीष पासवान, सौम्या यादव, अमन मिश्रा, सचिन जायसवाल आ आनंद गुप्ता प्रमुख रहल लो। कार्यक्रम के अंत में ध्रुव श्रीवास्तव के प्रति विशेष आभार व्यक्त कइल गइल, जेकर आयोजन में सहजोग सराहनीय रहल।

ई आयोजन ना खाली जुवा प्रतिभागियन के मंच प्रदान कइल, बलुक कला, संस्कृति आ रचनात्मकता के एगो नया दिशा दिहल। फ्यूजन फेस्ट 2025 के आवे वाला चरणन के प्रति प्रतिभागियन आ दर्शकन दुनो में खासा उत्साह देखे के मिल रहल बा।

Read Also: 07 जुलाई 2025 के राशिफलhttps://khabarbhojpuri.com/07th-july-2025-rashifal/

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-