Fuel Crisis : पश्चिम एशिया तनाव के बीच नायरा एनर्जी बढ़वलस पेट्रोल-डीजल के दाम, आम जनता पs बढ़ल बोझ

Share

सेंट्रल डेस्क। पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव के असर अब भारत में लउके लागल बा। देस के प्रमुख निजी ईंधन कंपनी नायरा एनर्जी बियफे के पेट्रोल आ डीजल के दाम बढ़ा देलस। कंपनी पेट्रोल पs 5 रुपिया प्रति लीटर आ डीजल पs 3 रुपिया प्रति लीटर के बढ़न्ती कइले बिया, जवना से आम लोग के जेब पs सीधा असर पड़ी।

सूत्र बतावत बा लोग कि अंतरराष्ट्रीय बाजार में कच्चा तेल के दाम तेजी से बढ़े के चलते ई फैसला लिहल गइल बा। पश्चिम एशिया में जारी संघर्ष के कारण तेल के कीमत में भारी उछाल आइल बा, जवन अब घरेलू बाजार में नजर आवत बा।

50% तक बढ़ल तेल के दाम

बतावल जा रहल बा कि 28 फरवरी के बाद से ग्लोबल मार्केट में कच्चा तेल के दाम करीब 50 प्रतिशत तक बढ़ गइल बा। एही बीच भारत में पेट्रोल-डीजल के दाम काफी दिन से इस्थिर रहल, जवना से तेल कंपनी पs लागत के दबाव बढ़ गइल रहल।

हजारन पेट्रोल पंप पs असर

नायरा एनर्जी देस भर में करीब 6,900 से जादे पेट्रोल पंप चलावेला। अब बढ़त लागत के कुछ हिस्सा कंपनी उपभोक्ता पs देले बा। हालांकि, कंपनी के ओर से आधिकारिक बयान अभी तक सामने नइखे आइल।

अलग-अलग राज्य में अलग असर

कीमत में बढ़न्ती हर राज्य में अलग-अलग हो सकेला, काहे कि वैट आ टैक्स के दर अलग-अलग होला। कुछ जगह पेट्रोल के दाम 5.30 रुपिया प्रति लीटर तक बढ़ गइल बा।

दोसर कंपनी का कर रहल बाड़ी सs?

जियो-बीपी (रिलायंस आ बीपी के संयुक्त कंपनी) अभी तक दाम में कवनो बदलाव नइखे कइले, जबकि एहु कंपनियन के नुकसान झेले के पड़त बा। ओने, सरकारी कंपनी जइसे इंडियन ऑयल, भारत पेट्रोलियम आ हिंदुस्तान पेट्रोलियम 2022 से दाम इस्थिर रखले बाड़ी से।

प्रीमियम पेट्रोल आ बल्क डीजल भइल महंगा

हाले में प्रीमियम पेट्रोल के दाम में 2 रुपिया प्रति लीटर आ बल्क डीजल में करीब 22 रुपिया प्रति लीटर के बढ़न्ती भइल बा। दिल्ली में प्रीमियम पेट्रोल 101.89 रुपया प्रति लीटर तक पहुंच गइल बा।

भारत पs काहे पड़त बा असर

भारत अपना जरूरत के लगभग 88% कच्चा तेल आयात करेला, जवन बड़ हिस्सा होर्मुज जलडमरूमध्य से आवेला। एही चलते पश्चिम एशिया में तनाव बढ़ला पs सप्लाई पs असर पड़ेला आ दाम बढ़े लागेला।

सरकार के कहनाम बा कि पेट्रोल-डीजल के दाम कंपनियन के हाथ में बा, एकरा से आगे वैश्विक हालात के हिसाब से दाम में बदलाव हो सकेला।

Read Also: Strait of Hormuz : भारत खातिर राहत, ईरान खोललस रास्ता, अब जहाज बिना रुकावट जा सकी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-