Air India : लंदन जाये वाला जहाज तकनीकी खराबी से 7 घंटा बाद दिल्ली लवटल, यात्री परेसान

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2026

नई दिल्ली। एयर इंडिया के एगो उड़ान से जुड़ल चिंता जनक खबर सामने आइल बा। बियफे के सबेरे दिल्ली से लंदन के हीथ्रो जाये वाला फ्लाइट बीच रास्ता में तकनीकी खराबी के कारण वापस दिल्ली

Share

नई दिल्ली। एयर इंडिया के एगो उड़ान से जुड़ल चिंता जनक खबर सामने आइल बा। बियफे के सबेरे दिल्ली से लंदन के हीथ्रो जाये वाला फ्लाइट बीच रास्ता में तकनीकी खराबी के कारण वापस दिल्ली लवट आइल। एह घटना से यात्रियन के बहुते परेसानी उठावे के पड़ल आ संगे-संगे आधुनिक विमानन बेवस्था पs सवाल खड़ा हो गइल बा।

का भइल पूरा ममिला?

जानकारी के माेताबिक, एयर इंडिया के फ्लाइट AI111 बिहान करीब 6 बजे दिल्ली से लंदन खातिर उड़ान भरलस। फ्लाइट ट्रैकिंग वेबसाइट के अनुसार, जब विमान सऊदी अरब के हवाई क्षेत्र में पहुंचल, तs तकनीकी समस्या के चलते ओकरा के वापस घुमा देवे के फैसला लिहल गइल। ओह समय तक विमान करीब 4 घंटा हवा में रह चुकल रहल रहे।

वापसी के सफर जोड़ल जावs त कुल मिलाके विमान करीब 7 घंटा तक हवा में रहल आ दूपहरिया करीब 12:30 बजे सुरक्षित दिल्ली एयरपोर्ट पs उतर गइल। सूत्र बतावत बाड़ें कि उड़ान के दौरान जहाज के अंदर कुछ अजीब आवाज सुनाई देवे लागल, जवना से सुरक्षा के धेयान में रखके पायलट ई फैसला लेलें।

एयर इंडिया का कहलस?

एयर इंडिया के प्रवक्ता बतवलें कि ई फैसला पूरा तरे से एहतियात के तौर पs लिहल गइल। जहाज में संदिग्ध तकनीकी खराबी देखे के बाद सुरक्षा के प्राथमिकता देत वापस लवटावल गइल। अब विमान के पूरा तकनीकी जांच कइल जा रहल बा।

एयरलाइन यात्रियन से माफी मांगत कहलस कि ओह लोगन के जल्दी से जल्दी लंदन भेजे के इंतजाम कइल जा रहल बा।

पहिलहू आ चुकल बा दिक्कत

जवन A350-900 विमान में ई खराबी आइल, ऊ एयर इंडिया के नया बेड़ा में सामिल बा। बाकिर सूत्रन के अनुसार, 15 मार्च के एह जहाज में तकनीकी दिक्कत आइल रहे, जब न्यूयॉर्क से आवत समय ओकरा के आयरलैंड के शैनन शहर में डायवर्ट करे के पड़ल रहे।

एके जहाज में बार-बार खराबी आइल एयरलाइन खातिर चिंता के विषय बन गइल बा। अब विस्तृत जांच के बाद पता चली कि असली समस्या का बा।

Read Also: Fuel Crisis : पश्चिम एशिया तनाव के बीच नायरा एनर्जी बढ़वलस पेट्रोल-डीजल के दाम, आम जनता पs बढ़ल बोझ

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.