हमीरपुर: लईकन में हरदिन मोबाइल के लेके बढ़त दीवानगी ओकनी के अपराध के दुनिया में लेके जा रहल बा। अइसही एगो ममिला उत्तर प्रदेश के हमीरपुर जिला से सामने आइल बा, जहां एगो दोस्त दूसरका दोस्त के अच्छा मोबाइल लेवे खातिर ओकरा के बेदरदी से हत्या कs देलस आ फेर लाश के ठिकाने लगावे खातिर आकरा के कुआं में फेंक देलस। पुलिस ममिला में कार्रवाई करत आरोपी दोस्त के गिरफ्तार कs लेले बिया। संगही हत्या के जड़ माने मृतक के मोबाइल के जब्त कs लेले बिया।
गौर करे वाला बात बा कि हमीरपुर के जरिया थाना क्षेत्र के कछुआ कला गांव में 7 अप्रिल के एगो 13 साल के लईका के शव मिलल रहे। लईका के गला दबाके हत्या कs के ओकरा शव के कुआं में फेंक दिहल गइल रहे। पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम करववला के बाद हत्या आ अपहरण के केस दर्ज कs के जांच पड़ताल सुरू कइलस। एह दौरान पुलिस के पता चलल कि मृतक लईका के लगे सैमसंग कंपनी के एगो महंगा मोबाइल रहे, जवन गायब बा। ओहिजा, ओकर साइकिल लगही के झाड़ी में पड़ल मिलल।
ज्वारा जुलूस देखे निकलल रहे मृतक
जरिया थाना प्रभारी मयंक चंदेल बतवलें कि 7 अप्रिल के मृतक लईका के शव कुआं में पड़ल मिलल रहे। लईका के घर से ओकर चार गो दोस्त गांव में निकल रहल जवारा जुलूस में सामिल होखे खातिर बोलवले रहे लो। ज्वारा जुलूस देखला के बाद ऊ अपना एगो दोस्त के संगे चल गइल रहे। एही के बाद से ऊ गायब रहे। कुआं में शव मिलला के बाद पुलिस शक के आधार पs मृतक लईका के साथे लेके जाये वाला आरोपी दोस्त के हिरासत में लेलस आ पूछताछ सुरू कs देलस।
मोबाइल लेवे खातिर दोस्त बनल कातिल
एकरा बाद आरोपी आपन जुर्म पुलिस के सामने कबूल कs लेलस। आरोपी बतवलस कि मृतक दोस्त के मोबाइल बहुत महंगा रहे, जवना के लेवे खातिर पहिले ऊ दोस्त के शर्ट से गला दबाके हत्या कइलस आ बाद में ओकरा के कुआं में धकेल देलस। मोबाइल लेला के बाद पहिले ऊ सिम तुरलस आ फेर छिपा देले रहे। एकरा बाद ऊ आराम से अपना घरे चल गइल रहे।
साभार: टीवी 9 भारतवर्ष