Kerala Bomb Threat: केरल में मुख्यमंत्री कार्यालय आ सीएम आवास के बम से उड़ावे के धमकी; चप्पा-चप्पा  के तलाशी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 28, 2025

एक बेर फेरु केरल में बम के धमकी के मामला सोझा आईल बा। अबकी बेर मुख्यमंत्री कार्यालय आ सीएम के सरकारी आवास क्लिफ हाउस में बम के धमकी मिलल बा. बम निपटान दस्ता आपन जिम्मा

Share

Kerala Bomb Threat

एक बेर फेरु केरल में बम के धमकी के मामला सोझा आईल बा। अबकी बेर मुख्यमंत्री कार्यालय आ सीएम के सरकारी आवास क्लिफ हाउस में बम के धमकी मिलल बा. बम निपटान दस्ता आपन जिम्मा सम्हरले बा आ दुनु जगहा खोजबीन जारी बा. सीएमओ एकर पुष्टि कइले बाड़न.

पुलिस सूत्र के मुताबिक, ईमेल के माध्यम से मिलल धमकी में राज्यपाल के आधिकारिक आवास राजभवन, मुख्यमंत्री के आवास क्लिफ हाउस अवुरी कोच्ची के नेदुंबसेरी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs बमबारी करे के दावा कईल गईल। बतावल जाता कि मुख्यमंत्री कार्यालय अवुरी राज्य परिवहन आयुक्त के ईमेल आईडी पs धमकी देवे वाला संदेश मिलल। पुलिस के कहनाम बा कि सभ जगह अवुरी सचिवालय में भी विस्तृत निरीक्षण कईल गईल, बाकिर अबे ले कवनो संदिग्ध बात नईखे मिलल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.