Big Story: गुजरात में पकड़ल गइले 6500 अवैध बांग्लादेशी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2025

केंद्र सरकार के निर्देश पs जम्मू कश्मीर के पहलगाम में भईल आतंकी हमला के बाद गुजरात में अवैध तरीका से रहेवाला बांग्लादेशी नागरिक के खिलाफ कार्रवाई शुरू हो गईल बा। आजु सबेरे से प्रशासन अहमदाबाद

Share

केंद्र सरकार के निर्देश पs जम्मू कश्मीर के पहलगाम में भईल आतंकी हमला के बाद गुजरात में अवैध तरीका से रहेवाला बांग्लादेशी नागरिक के खिलाफ कार्रवाई शुरू हो गईल बा। आजु सबेरे से प्रशासन अहमदाबाद के चंडोला लेक इलाका में अवैध कालोनी पs बुलडोजर चलावल शुरू कs दिहले बा. एह बड़का अभियान में जिला प्रशासन 100 ट्रक, 50 बुलडोजर आ 3000 पुलिसकर्मी के तैनाती कइले बा। चंडोला झील के 1.25 लाख वर्ग मीटर क्षेत्र में पसरल अवैध निर्माण के एक-एक कs के गिरावल जाता।

6500 अवैध बांग्लादेशी नागरिकन के हिरासत में लिहल गइल

गुजरात पुलिस पिछला कुछ दिन में 6500 से अधिका अवैध बांग्लादेशी नागरिकन के हिरासत में ले लिहले बिया जवना में से 890 अहमदाबाद के हउवें. चंडोला झील इलाका में चलत एह अभियान के मकसद अवैध अतिक्रमण के दूर कइल आ घुसपैठियन पs दबाव बनावल बा. ई इलाका बहुत पहिले से अवैध बांग्लादेशी आप्रवासी लोग के गढ़ रहल बा आ मानव तस्करी आ फर्जी दस्तावेजन के नेटवर्क बेतहाशा बा। चंडोला झील पर अवैध कब्जा 1970-80 के दशक में शुरू भइल जब इहाँ बहुत सारा प्रवासी उपनिवेश सभ के स्थापना भइल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.