उपद्रवियन के हावी होखत देख पुलिस के तरफ से सख्ती शुरू हो गइल बा। पूरा साजो सामान के संगे गलियन में घुसके उपद्रवियन के खदेड़ल जा रहल बा। लाठीचार्ज कs के हालात के नियंत्रण में लेवे के कोसिस कइल जा रहल बा। पत्थरबाजन के धरपकड़ कइल जा रहल बा।
सीएम सख्ती के देले आदेश
सूत्रन के मोताबिक कानपुर में भइल बवाल के बीचे सीएम योगी आदित्यनाथ पुलिस अधिकारियन के जल्दी से हालत के काबू में करे के आदेश देले बाड़े। सीएम आदेश देले बाड़े कि दोषियन के कवनो हालत में बख्शल ना जाव।
बढ़ावल गइल सुरक्षा, हिरासत में दर्जनभर उपद्रवी
पुलिस कमिश्नर के मोताबिक बवाल में अब तक दु लोग जख्मी भइल बा। 15 उपद्रवियन के हिरासत में लिहल गइल बा। वीडियो फुटेज के आधार पs उपद्रवियन के धरपकड़ के अभियान छेड़ल गइल। यतीमखाना चौराहा पs सन्नाटा पसर गइल बा। गलियन में भारी पुलिस बल मवजूद बा।