कानपुर हिंसा पs सीएम योगी सख्त, उपद्रवियन पs लागी गैंगस्टर, चली बुलडोजर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 3, 2022

कानपुर में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दौरा के दौरान भइल हिंसा के लेके सीएम योगी बहुते सख्त हो गइल बाड़े। सीएम योगी आरोपियन पs सख्त कार्रवाई के निरदेस देले बाड़े। आरोपियन

Share

कानपुर में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दौरा के दौरान भइल हिंसा के लेके सीएम योगी बहुते सख्त हो गइल बाड़े। सीएम योगी आरोपियन पs सख्त कार्रवाई के निरदेस देले बाड़े। आरोपियन पs गैंगस्टर लगावे आ बुलडोजर चलावे के तइयारी कइल जा रहल बा। उपद्रवियन के संपत्तियो जब्त कइल जाई। उपद्रव में अभी ले 18 लोग के हिरासत में लेला के बाद गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। वीडियो के आधार पs आउर उपद्रवियन के गिरफ्तारी खातिर दबिश दिहल जा रहल बा। इलाका में अतिरिक्त फोर्स भेज दिहल गइल बा। 12 कंपनी आ एक प्लाटून पीएसी भेजल गइल बा।

कानपुर के चकेरी एयरपोर्ट पs पीएम नरेंद्र मोदी के विदा कइला के बाद सीएम योगी आदित्यनाथ ओहिजा मुख्य सचिव दुर्गाशंकर मिश्र आ डीजीपी डीएस चौहान से बवाल के पूता जानकारी लेले। मुख्यमंत्री हिदायत देले कि बवालियन पs एह तरे से कार्रवाई कइल जाव कि एको दोषी बाचे ना। ऊ अपर मुख्य सचिव अवनीश अवस्थी के फोन कs कहले कि पल-पल के जानकारी लेस आ बवालियन से सख्ती से निपटस।

डीजीपी से योगी कहले कि बवालियों के पहचान होखला के बाद ओकन  के खिलाफ गैंगस्टर के कार्रवाई तs कइले जाव, संगही जेतना सख्त धारा लाग सकत बा ऊ लगावल जाव। योगी कहले कि बवालियन के संपत्ति जब्त कs के रासुका के तहत कार्रवाई कइल जाव ताकि भविष्य में केहू बवाल करे के बारे में सपनो में ना सोच पावे।

एडीजी लॉ एंड आर्डर प्रशांत कुमार बतवले कि कानपुर में कुछ लोग दुकानन के बंद करे के कोसिस कइल। एकर विरोध भइल  तs झड़प शुरू हो गइल। दूनो ओर से पत्थरबाजी कइल गइल। पुलिस इस्थिति के नियंत्रित करे के कोसिस कइलस तs ओकरो पs पथराव कइल गइल। वरिष्ठ अधिकारी मवका पs पहुंचल लो आ जरुरी बल प्रयोग कs के इस्थिति के नियंत्रित कइल गइल।अतिरिक्त पुलिस बल उहवां भेजल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.