बुजुर्ग लोग खातिर मुफ्त तीर्थयात्रा भइल शुरू , सब कुछ होई मुफ्त, विस्तार से जानीं…

Share

 

मुख्यामंत्री तीर्थ यात्रा : पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर सरकार कई तरह के योजना पs काम कर रहल बिया। एह कड़ी में मुख्यमंत्री के तीर्थ योजना के सफल योजना के रूप में गिनल जाला। एह योजना के तहत वरिष्ठ नागरिकन के मुफ्त में तीर्थ यात्रा पs जाए के काम कइल जाला। दिल्ली सरकार साल 2018 से इ योजना चलावतिया। एहमें यात्रा के लाभ 60 साल आ ओकरा से अधिका के नागरिकन के दिहल जाला। शुरू से अंत ले तीर्थ यात्रा के बारे में जानल जाव।

एह साल 26 जून से यात्रा शुरू हो गइल बा। अयीसना में इ विशेष ट्रेन सफदरजंग से द्वारकाधीश खातीर 600 से जादे यात्री के ले जाई। एह योजना के तहत इ 72वां यात्रा ह, जवना के चलते यात्री के बिना कवनो किराया के यात्रा करे के सुविधा मिली। एह यात्रा के मकसद सीनियर सिटीजन के बा। अगर रउरा देश के तीर्थस्थल में जाए के बा त 60 साल से ऊपर के लोग एकरा तहत आवेदन क सकतारे।

यात्रा में एह चीजन के मुफ्त सेवा मिली 

दिल्ली सरकार के एह योजना के तहत मुफ्त में खाना, आवास, यात्रा के लागत, जवना में एसी ट्रेन अवुरी आवास आदि शामिल बा। हालांकि एकरा अलावे कुछूओ खरीदब त उ यात्रा के दौरान ना दिहल जाई, एकरा खातीर आपके जेब से पईसा देवे के पड़ी। दिल्ली सरकार के मुताविक 40 हजार से अधिका लोग एह तीर्थ योजना के फायदा उठवले बाड़े।

यात्री लोग एह तीर्थस्थल पs जा सकेला

दिल्ली सरकार के एह योजना में वरिष्ठ नागरिकन के कई गो तीर्थस्थल पs ले जाइल जाला जवना में मथुरा, हरिद्वार, शिरडी, वैलंकन्नी, अयोध्या, जगन्नाथ, पुरी, रामेश्वरम, करतारपुर साहिब, तिरुपति, बालाजी, वैष्णो देवी आदि शामिल बा एह सब जगहन पs घूमे खातिर एको रुपिया ना लिहल जाला। यात्रा के दौरान खाना, रहे आ अउरी कई गो खर्चा बिल्कुल मुफ्त बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-