वर्ल्ड डेस्क। नेपाल में हिंसा के आग अभी बुताइलो ना रहे कि फ्रांस के राजधानी पैरिस सुलग उठल बा। भारी संख्या में प्रदर्शनकारी सड़कन पs उतर आइल बा लोग। पैरिस में हर तरफ आगजनी देखे के मिल रहल बा। पुलिस 200 प्रदर्शनकारियन के हिरासत में ले लेले बिया।
पेरिस में प्रदर्शनकारियन आ पुलिस के बीच मुठभेड़ देखे के मिलल। प्रदर्शनकारी पेरिस के सड़क बंद कs दिहल आ कइयन जगहन पs आगजन सुरू हो गइल। अइसन में हिंसा के काबू में करे खातिर पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़लस आ 200 से जादे लोगन के हिरासत में ले लेले बा।
छावनी बनल पैरिस
प्रदर्शनकारी पैरिस में सबकुछ बंद करे के एलान कइले रहे लोग। हालांकि, फ्रांस के आंतरिक मंत्री ब्रूनो रिटेलेउ के अनुसार,प्रदर्शनकारी अपना मनसूबन में नाकामयाब रहल बा लो। ई प्रदर्शन पहिले सोशल मीडिया पs सुरू भइल, जवना के बाद पैरिस में प्रदर्शनकारियन के जमावड़ा लाग गइल। अइसन में 80,000 से जादे पुलिसकर्मियन के पैरिस में तैनात कइल गइल। बैरिकेडिंग तुड़े वाला प्रदर्शनकारियन के पुलिस तुरंत गिरफ्तार कs लेलस।
आंतरिक मंत्री ब्रूनो रिटेलेउ कहलें
प्रदर्शनकारी फ्रांस के शहर रेन के पश्चिमी हिस्सा में एगो बस के आग के हवाले कs दिहल गइल। एकरा से इलाका के बिजली चल गइल आ ट्रेनन के आवाजाहियो बंद हो गइल। प्रदर्शनकारी फ्रांस में विद्रोह के माहौल बनावल चाहत बा।