[the_ad_group id="30365"]

UP SI Bharti 2025: यूपी में दारोगा बने के आखिरी मौका! 4543 पद पs आवेदन के अंतिम तिथि काल्ह; फटाफट भर दीं फॉर्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP Police SI Recruitment 2025 : पुलिस के नौकरी के सपना देखे वाला नवहन खातिर आवेदन करे के आखिरी मौका बा। उत्तर प्रदेश पुलिस सब-इंस्पेक्टर (SI) भर्ती 2025 खातिर आवेदन के प्रक्रिया जल्दिसे समाप्त होखे वाला बा। जे उम्मीदवार अभी तक आवेदन नइखे कs पाइल, ऊ यूपी पुलिस विभाग के आधिकारिक वेबसाइट www.upprpb.in पs जाके ऑनलाइन फॉर्म भर सकत बा लोग। एह भर्ती के माध्यम से कुल 4543 पद के भरल जाई।

कब तक कइल जा सकत बा आवेदन?

यूपी पुलिस एसआई भर्ती प्रक्रिया 12 अगस्त 2025 से सुरू भइल रहे आ उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती आउर प्रोन्नति बोर्ड (UPPRPB) 11 सितंबर 2025 के आवेदन फॉर्म भरे के सुविधा बंद कs दी।

अब तक सात लाख आवेदन

अभी ले लगभग सात लाख अभ्यर्थी सीधी भर्ती खातिर आवेदन कइले रहस आ अगिला दु दिनन में आवेदन के संख्या में तेजी से बढ़न्ती होखे के संभावना बा। बोर्ड 11 सितंबर तक आवेदन प्रक्रिया पूरा होखला के बाद परीक्षण सुरू करी, जवना के बाद उम्मीदवारन के लिखित परीक्षा के तइयारी पs ध्यान केंद्रित करे के होई। अनुमान बा कि ई परीक्षा दिसंबर 2025 में आयोजित कइल जा सकत बा।

UP Police SI Vacancy 2025: कुल 4,543 पदन पs भर्ती

एह भर्ती अभियान के माध्यम से कुल 4,543 पदन के भरल जाई। रिक्तियन के श्रेणीवार विवरण एह तरे बा :

पद के नाम खाली पदन के संख्या
यूपी पुलिस सब इंस्पेक्टर सिविल पुलिस (महिला/पुरुष) 4242
प्लाटून कमांडर PAC 135
प्लाटून कमांडर स्पेशल फोर्स 60
सब इंस्पेक्टर महिला बटालियन 106
कुल पदन के संख्या 4543

UP Police SI Eligibility: पात्रता मानदंड

शैक्षिक योग्यता में उम्मीदवार के लगे भारत में कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से स्नातक के डिग्री होखे के चाहीं भा सरकार के ओर से मान्यता प्राप्त आकरा समकक्ष कवनो आउर योग्यता।

UP Police SI Age Limit: आयु सीमा में मिलल 3 बरिस के छूट

आवेदन करे खातिर न्यूनतम आयु सीमा 21 बरिस आ अधिकतम आयु सीमा 28 बरिस निर्धारित कइल गइल बा। अभ्यर्थी के जन्म 2 जुलाई 1997 से पहिले आ 1 जुलाई 2004 के बाद ना भइल होखे। आरक्षित श्रेणी के अभ्यर्थियन के ऊपरी आयु सीमा में नियमानुसार छूट दिहल जाई। एकरा अलावे, बड़ खुशखबरी ई बा कि भर्ती बोर्ड खाली एह भर्ती खातिर सब श्रेणी के उम्मीदवारन के आयु सीमा में तीन बरिस के छूट देले बा।

UP SI Selection Process: चयन प्रक्रिया

योग्य उम्मीदवारन के चयन लिखित परीक्षा, दस्तावेज सत्यापन, शारीरिक परीक्षण के आधार पs कइल जाई। लिखित परीक्षा 400 अंकन के होई। परीक्षा में चार सेक्शन होई। एमे सामान्य हिंदी, मूलविधि/संविधान/सामान्य ज्ञान, संख्यात्मक आ मानसिक योग्यता परीक्षा, मानसिक अभिरूचि परीक्षा/बुद्धिलब्धि परीक्षा/तार्किक परीक्षा से प्रश्न पूछल जाई। परीक्षा के अवधि 02 घंटा (120 मिनट) होई, जेमे कुल 160 प्रश्न पूछल जाई।

Read Also: SIR: देसभर में मतदाता सूची पुनरीक्षण के कवायद तेज, तइयारियन पs विचार-विमर्श खातिर चुनाव आयोग कइलस अहम बैठक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]