Harnaz Kaur: पूर्व मिस यूनिवर्स हरनाज कौर के खिलाफ कोर्ट में सुनवाई आजु, उपासना सिंह दर्ज कइले रहली याचिका

Sudhir Kumar Mishra

पूर्व मिस यूनिवर्स हरनाज कौर संधू समेत 14 अउरी लोगन खिलाफ एक्ट्रेस उपासना सिंह के तरफ से दायर चंडीगढ़ कोर्ट केस में आज सुनवाई होई। जी , पूर्व मिस यूनिवर्स हरनाज कौर संधू के खिलाफ चंडीगढ़ कोर्ट में मामला दर्ज करवावल गइल रहे, जेकरा में एक्ट्रेस पs एगो पंजाबी फिल्म के पूरा ना करे आ बीचे में कॉन्ट्रैक्ट तुरला के आरोप लागल बा। एक्ट्रेस उपासना सिंह  पूर्व मिस यूनिवर्स हरनाज कौर संधू समेत 14 अउरी लोगन के खिलाफ फिल्म के लेके भइल  नुकसान के रूप में 1 करोड़ रुपए के भरपाई के मांग के लेके कोर्ट में याचिका दायर कइले रहली, जेकर आजु सुनवाई होई।

हरनाज कौर संधू फोटो: इंस्टाग्राम
बता दिहीं की हरनाज संधू के अलावा अउर जेकरा के पार्टी बनावल गइल बा , ओह में शैरी गिल, एमा सावल, द मिस यूनिवर्स आर्गनाइजेशन, सिटी ऑफ द हॉलीवुड फ्लोरिडा, टाइम्स ग्रुप सीआरएम आदि शामिल बा। उपासना सिंह के ई आरोप  बा कि ऊ एगो फिल्म प्रोड्यूस करत रहली , जवना में काम करे खातिर हरनाज  हामी भरले रहली । एकरा  बाद फिल्म बनले के बाद प्रमोशन खातिर आगे ना  आइली आ उ फोनो उठावल बंन कई दिहली।
हरनाज कौर संधू फोटो:सोशल मीडिया

 

वहीं एक्ट्रेस उपासना सिंह के कहनाम बा कि, ‘फिल्म के डायरेक्टर समीप कंग आ प्रोड्यूसर्स लोग भी हरनाज से संपर्क कइले रहे , बाकिर केहू से  बात ना हो पावल। मिस यूनिवर्स बनला के बाद हरनाज कौर संधू  कवनो मैसेज भा मेल के जवाब ना दिहली । एह से फिल्म आ ओकर डिस्ट्रीब्यूटर्स के बड़का नोकसान भईल बा। हमनी के फिल्म के रिलीजो टाले के परल । देरी के वजह से हमार इमेज के भी बड़ा नुकसान भईल बा’।

हरनाज कौर संधू फोटो:सोशल मीडिया

 

उपासना सिंह के मुताबिक मिस यूनिवर्स बनने के बाद हरनाज संधू खुद के बहुत बड़ा स्टार समझे लगली। उ फोनो  उठावल बन कई दिहली। उपासना सिंह के कहनाम बा कि हरनाज संधू के मिस यूनिवर्स बनले के बाद से उनका पंजाबी फिल्म इंडस्ट्री छोट लागे लागल बा। बता दिहिंं की एह फिल्म के जरिए उपासना के अपना बेटा के लॉन्च करे के रहली , लेकिन हरनाज संधू के संपर्क ना कइले के वजह से उनकर बड़ा नुकसान भइल।

 

 

Share This Article