स्विगी-जोमाटो के भूल जाइब, एह आधिकारिक वेबसाइट पे सस्ता खाना मंगाईं
घर में बइठले स्वादिष्ट खाना
स्विगी अवरू ज़ोमेटो जईसन ऑनलाइन फूड डिलीवरी ऐप आजकल केहु के स्मार्टफोन से शायदे कवनो गायब बा। आजकल घर में बइठ के ऑनलाइन मंगावल सबके पसंद बा। लइकन से लेके बुजुर्ग तक ऑनलाइन मंगा के खाना खाइल पसंद करेला। इ एगो आसान प्रक्रिया ह, एकरा के खाए में जादा मेहनत के जरूरत ना पड़ेला। घर में बइठ के स्वादिष्ट खाना मिल जाला।
कीमत होला अधिक
लोग एह कंपनियन से ऑनलाइन ऑर्डर कइल पसंद करेला बाकिर कहीं ना कहीं अधिका पइसा देबे के पड़ेला। अइसना में अगर कवनो सरकारी कंपनी ऑनलाइन फूड डिलीवरी के इ सुविधा देले रहित त बहुत लोग के आसान हो जाता। बाकिर का ई साँचहू संभव बा?
इ सेवा सरकार के ओर से दिहल जाता
रउरा ई जान के हैरान होखब कि ई सुविधा पहिलहीं से उपलब्ध बा। हँ सस्ता ऑनलाइन डिलीवरी सरकार के ओर से होला। ओपन नेटवर्क पर डिजिटल कॉमर्स’ (ONDC) नाम के सरकारी पोर्टल शुरू हो गईल बा, ए सेवा के मुताबिक जनता के सस्ता खाना के इंतजाम कईल जाता।
ओएनडीसी सितंबर 2022 में शुरू भइल रहे। आप पेटीएम ऐप में ओएनडीसी के सेवा के लाभ उठा सकतानी। देश के कई शहरन में ई सेवा दिहल जा रहल बा।