सारण। सारण भोजपुरिया समाज पहिला रामनाथ पाण्डेय शिखर सम्मान 2022 के नामन के घोषणा कइले बा। सर्वसम्मति से साल 2022 के पहिला शिखर सम्मान लब्धप्रतिष्ठित रचनाकर्मी आ चिंतक डा0 मयंक मुरारी आ ख्यातिप्राप्त सूफी, शायर प्रो0 जौहर साफिहाबादी के दिहल जाई। डा मयंक मुरारी के जन्मभूमि छपरा में बा वर्तमान में कर्मभूमि रांची, झारखंड बा।

एह दुनों साहित्य, संस्कृति आ विरासत के ध्वजवाहक लोग के आवे आला 16 जून के पटना, बिहार में गो सादा समारोह में ई सम्मान दिहल जाई। एकर घोषणा समाज के संस्थापक विमलेंदू भूषण पाण्डेय कइनी। एह चयन पs श्री पांडेय कहनी कि सारण प्रमंडल के अइसन रचनाधर्मी जे अपना कर्म, धर्म आ विचारन से भारतीय लोक जीवन, संस्कृति आ परंपरा के संवर्द्धन आ विकास कइले बा, आगहू सम्मानित कइल जात रही।