Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राष्ट्रीय कविता संगम पुरस्कार वितरण समारोह भइल आयोजित

1,130

कोलकाता। विश्व पर्यावरण दिवस (5 जून) के महत्वपूर्ण अवसर पर राष्ट्रीय कविता संगम, मध्य कोलकाता इकाई द्वारा पुरस्कार वितरण समारोह के साथे-साथे कविता के रसधार बहल। मध्य कोलकाता 29 मई के वर्चुअल प्लेटफार्म पर नवहा लोग खातिर एगो कविता प्रतियोगिता के आयोजन कइले रहे। एही दिने विजेता प्रतिभागियन के पुरस्कार आ सनद बाँटल गइल।

कार्यक्रम के अध्यक्ष डॉ. हृषीकेश राय के ओर से दीप प्रज्वलन से कार्यक्रम के शुरुआत भइल। सबसे पहिले माई सरस्वती के पूजा जिला संरक्षक उमेश चंद्र तिवारी जी कइली। पुष्पा साव मेहमानन के स्वागत कइली। कार्यक्रम अध्यक्ष डा. हृषीकेश राय पर्यावरण दिवस पर कहलें कि- काव्य के शब्दन के माध्यम से मनुष्य जवन कवनो रचना कइले बा, प्रकृति जवन कुछ देले बा, ओकरा के संरक्षित करे आ आवे वाला पीढ़ियन के समर्पित करे खातिर कविता प्रतिबद्ध बा।

प्रतिभागी लोग में प्रथम पुरस्कार – विश्व-भारती विश्वविद्यालय के सौमी मजुमदार के… बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के विद्या दास दूसरा आ खडकपुर विजन एकेडमी कॉलेज के रजनी सिंह तीसरा स्थान पर रहली। बाकी सगरी प्रतिभागियन के प्रशस्ति पत्र आ पदक से सम्मानित कइल गइल जवना में पुष्पा साव, निखिता पाण्डेय, अभिषेक कुमार, संध्या राम, निशा शामिल बाड़ी।  मध्य कोलकाता इकाई जज श्यामा सिंह, स्वागता बसु आ हिमाद्री मिश्रा के सम्मानित कइलस।

जिला महासचिव स्वागता बसु विजेता प्रतिभागियन के बधाई देत कहली कि जेकरा पुरस्कार ना मिलल ओकरा निराश ना होखे के चाहीं, बहुते मौका ओह लोग के सोझा आई जवना में ऊ लोग अपना के सुधार सकी।

एह मौका पर मध्य कोलकाता इकाई के कार्यकर्ता रमाकांत सिन्हा, स्वागत बासु, पुष्प साव, सौमी मजुमदार के सम्मानित कइल गइल। आमंत्रित कवयित्री सुषमा राय पटेल, निखिता पाण्डेय, सुदामी यादव, सौमी मजुमदार, कंचन राय, शंभू नाथ मिश्र, विनय जायसवाल, रमाकांत सिन्हा, चंद्रिका प्रसाद पाण्डेय ‘अनुरागी’, राम पुकार सिंह, अनु नेवटिया, वीर बहादुर सिंह, रजनी सिंह के कविता सभागार में मौजूद लोग पाठ के प्रवाह देख के स्तब्ध हो गइल। हिमाद्री मिश्र के मैथिली कविता आ #गणेश_नाथ_तिवारी_जी_के_भोजपुरी_कविता_दर्शकन_के_बहुते_पसंद_आइल।

डॉ एपी राय पर्यावरण संरक्षण के लेके आपन विचार रखले। श्यामा सिंह युवा कवि आ साहित्यकारन के बढ़िया से लिखे खातिर प्रेरित कइली।कार्यक्रम में संदीप कुमार सिंह, कालिका प्रसाद मिश्र, सूर्य बसु, लखनपति झा, अभिरुद्गत माजी के मवजूदगी से कार्यक्रम के गरिमा बढ़ल।

मंच के संचालन जिला महासचिव स्वागता बसु बहुते कुशलता से कइली। कार्यक्रम के अंत में सौमी मजुमदार धन्यवाद ज्ञापन कs के कार्यक्रम के समापन कइली।

271060cookie-checkराष्ट्रीय कविता संगम पुरस्कार वितरण समारोह भइल आयोजित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.