Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रवि किशन के अपना पति होखे के दावा करे वाली महिला के खिलाफ FIR, बियाह के 35 साल हो गइल

201

गोरखपुर से भाजपा उम्मीदवार रवि किशन प आरोप लगवला के बाद खुद महिला अपर्णा ठाकुर परेशानी में बाड़ी। रवि किशन के पत्नी प्रीति शुक्ला के शिकायत प अपर्णा के खिलाफ यूपी पुलिस प्राथमिकी दर्ज करवले बिया।

गोरखपुर से भाजपा प्रत्याशी रवि किशन प आरोप लगवला का आरोप में यूपी पुलिस महिला का खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवले बिया । रवि किशन के पत्नी पुलिस में ब्लैकमेल करे के शिकायत कइले रहली। लखनऊ के हजरतगंज थाना में अपना शिकायत में प्रीति शुक्ला कहली कि एक साल पहिले भी उ ए महिला के खिलाफ ब्लैकमेल करे के शिकायत मुंबई पुलिस में कइले रहली। एह साजिश में सपा नेता के शामिल होखे के आरोप बा। सपा के अधिकारी विवेक आ एगो यूट्यूबर खुर्शीद खान ए साजिश के मुख्य अपराधी बतावल जाता। महिला अपर्णा सोनी के पति, बेटी आ बेटा के भी ए मामला में आरोपी बनावल गइल बा। जानकारी के मुताबिक अपर्णा के बियाह के 35 साल हो गइल बा। चुनाव के समय आरोप लगा के चुनाव लड़त रवि किशन के छवि के कलंकित करे के साजिश रचल गइल रहे।

प्रीति शुक्ला अपना शिकायत में कहली कि, ‘मुंबई के एगो महिला, जवन कि अपना नाम अपर्णा सोनी उर्फ अपर्णा ठाकुर के नाम से बोलतिया, उनका के धमकावत कहलस कि पाताल लोक से उनकर संबंध बा।’ धमकी देत उ इहो कहली कि जदी रउवा सहमत ना होखब त हम राउर पति के बलात्कार के झूठा मामला में फंसाईब। हत्या के धमकी दिहलस आ 20 करोड़ रुपया रंगदारी के मांग कइलस।

प्रीति शुक्ला कहली कि, ‘मुंबई में ए महिला के खिलाफ भी शिकायत दर्ज भइल बाकी उ सहमत ना भइल आ 15 अप्रैल के उ लखनऊ आके हमरा पति प मनगढ़ंत आरोप लगावत एगो प्रेस कांफ्रेंस कइलस। हम आ हमार पति एह मेहरारू आ ओकरा साथियन से बहुते डेरात बानी स । जब अपर्णा सोनी उर्फ अपर्णा ठाकुर के बारे में जानकारी मिलल त हमनी के पता चलल कि उनकर बियाह 35 साल हो गइल बा। उनकर पति राजेश सोनी 58 साल के बाड़े। बेटी के उमर 27 साल बा। एकरा अलावे एगो बेटा भी बाड़े, जेकर उमर 25 साल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.