Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lok Sabha Elections : पांचवा चरण खातीर आजु रवाना होई पोलिंग पार्टी, यूपी के एह 14 सीटन पs काल मतदान

249
Google Ads 300*250 for posts

 

राज्य के पांचवा चरण के तहत 14 लोकसभा सीट पs चुनाव खातीर आज मतदान दल रवाना होईहे। तपल गरमी के देखत हर मतदान कार्यकर्ता के विशेष मेडिकल किट उपलब्ध करावे के निर्देश दिहल गईल बा। एकरा अलावे मतदान स्थल में गरमी से बचाव के तमाम इंतजाम करे के जिम्मेवारी जिला निर्वाचन अधिकारी के दिहल गईल बा।

मुख्य निर्वाचन अधिकारी नवदीप रिणवा बतवले कि उत्तर प्रदेश आ लखनऊ पूर्वी विधानसभा उपचुनाव के पांचवा चरण के लोकसभा चुनाव के 14 गो लोकसभा सीट पs अतवार के दिने मतदान दल मतदान बूथ पs निकल जइहें. एकरा खातीर पांचवा चरण के सभ जिला निर्वाचन अधिकारी के मतदान दल के समय पs भेजे के निर्देश दिहल गईल बा।

मुख्य निर्वाचन अधिकारी बतवले कि पांचवा चरण में राज्य के 14 लोकसभा सीट में मोहनलालगंज (अजा), लखनऊ, रायबरेली, अमेठी, जालौन (अजा), झांसी, हमीरपुर, बांदा, फतेहपुर, कौशाम्बी (अजा), बाराबंकी (अजा), फैजाबाद, कैसरगंज, गोण्डा में सोमार के मतदान होई। उs कहले कि सभ जिला चुनाव अधिकारी के मतदान केंद्र अवुरी मतदान बूथ पs मतदाता अवुरी मतदान कर्मी के जरूरी सुविधा देवे के निर्देश दिहल गईल बा।

इs चरण बहुत जरूरी बा काहे कि रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, राहुल गांधी अवुरी स्मृति ईरानी के प्रतिष्ठा दांव पs लागल बा। 20 मई के होखे वाला लोकसभा चुनाव के संगे लखनऊ पूर्वी विधानसभा के उपचुनाव खातीर चार उम्मीदवार भी मैदान में बाड़े।

 

 

832860cookie-checkLok Sabha Elections : पांचवा चरण खातीर आजु रवाना होई पोलिंग पार्टी, यूपी के एह 14 सीटन पs काल मतदान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.