Gorakhpur: D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के पांचवा दिन ‘पर्यावरण संरक्षण’ थीम पs आधारित

D.A.V PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के पांचवा दिन

Share

आज शनिवार के डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में सप्त दिवसीय शिविर के पांचवा दिन प्राचार्य प्रोफेसर शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में “पर्यावरण संरक्षण” पs आधारित कार्यक्रम प्रस्तुत कइल गइल।

प्रातः योगाभ्यास के पश्चात सभ स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग मलिन बस्ती मुफ्तीपुर वार्ड के क्षेत्र में जाके पर्यावरण संरक्षण के संदर्भ में रैली निकलल। एह रैली में “प्रकृति का ना करो हरण,आओ बचाएं पर्यावरण” जइसन नारा लगावल गइल। बौद्धिक परिचर्चा के सत्र में सभ स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग के मनोबल के बढ़ावत हमनी के बीच मुख्य अतिथि के रूप में प्रोफेसर अवनीश राय,अंग्रेजी विभाग, दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर उपस्थित रहले। बौद्धिक परिचर्चा के इs सत्र प्रश्न उत्तर आ चर्चा परिचर्चा पs आधारित रहे। स्वयंसेवक शिवेश मिश्रा प्रकृति संरक्षण पs आधारित कविता के प्रस्तुतीकरण कइल गइल।

एह अवसर पs मुख्य अतिथि द्वारा सभ स्वयंसेवकन के बतावल गइल कि हम सभ के “जियो और जीने दो” के शैली के अपनावे के चाही। पर्यावरण के हर हिस्सा हमनी के सब से जुड़ल बा हमनी के सब केहू एकर अभिन्न अंग हई जा अगर हमनी के कवनो काम प्रकृति के विनाशकारी शोषण के ओर ले जाला तs ई हमनी के भविष्य खातिर दुखद बा।” संगही उ सभके एक पेड़ लगावे के सलाह देले। एह मौका पs अंग्रेजी विभाग के प्रोफेसर प्रवीण सिंहा आ भौतिकी विभाग के डॉ. राजेश राय मौजूद रहले. स्वयंसेवी खुशी बतवली कि प्रकृति के नुकसान ना पहुंचवले हमनी के सभके विकास के राह पs आगे बढ़े के होई। कार्यक्रम के संचालन आ धन्यवाद ज्ञापन कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता जी के द्वारा रवि, सुमित, नाजिया, सत्यम आ रिया सहित सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेवक लोग के मार्गदर्शन एह कार्यक्रम से भइल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-