FIFA वर्ल्डकप: मेसी के नजर ड्रीम फाइनल पs, फीफा विश्व कप के पहिला सेमीफाइनल अर्जेंटीना अउर क्रोएशिया के बीच आजु

Share

अपना पांचवां अउर अंतिम विश्व कप खेल रहल अर्जेंटीना के दिग्गज लियोनल मेसी मंगर के लुसैल स्टेडियम में लुका मॉड्रिच के अगुआई वाले क्रोएशिया के मजबूत डिफेंस के तूड के फीफा विश्व कप के ड्रीम फाइनल में जगह बनावल चहिहें। दूसरे ओर 37 वर्षीय मॉड्रिच के ई चउथा अउर आखिरी विश्व कप ह। ऊ अपने कप्तानी में देश के पहिले विश्व खिताब दियावे खातिर ब्राजील के नेमार के तरह मेसी के सपना के तूड़ल चहिहें।
मेसी
35 वर्षीय मेसी के करियर शानदार रहल बा। उनकर तुलना महान फुटबॉलर रहल दिवंगत डिएगो माराडोना से कइल जाला। अर्जेंटीना अंतिम बेर विश्व कप खिताब माराडोना के अगुआई में 1986 में जीतल रहे। ओ घरी मेसी जनमलो नाइ रहनें। मेसी 10 स्पेनिश लीग, चार चैंपियंस लीग अउर 2021 में कोपा अमेरिका खिताब जीतल बानें। एकरे अलावा ऊ सात बार बेलोन डी’ओर पुरस्कारो जीत चुकल बानें।
हालांकि, मेसी के लग्गे सिर्फ फीफा विश्व कप के ट्रॉफी नइखे, जेकरे खातिर ऊ पिछले 16 वर्ष से हर विश्व कप में (2006, 2010, 2014, 2018 अउर अब 2022) खेलत आ रहल बानें। आठ बरिस पहिले मेसी के अगुआई में अर्जेंटीना 2014 के विश्व कप फाइनल में जगह बनवले रहनें, जेमें जर्मनी से 0-1 से हार के सामना करे के पड़ल रहे।
Argentina 'fight like lions' for Messi, says Martinez | Goal.com Kenya

दूनों टीम के सेमीफाइनल तक के सफर

अर्जेंटीना

खिलाफ चरण जीत/हार के अंतर
सऊदी अरब ग्रुप-सी 1-2 से हार
मैक्सिको ग्रुप-सी 2-0 से जीत
पोलैंड ग्रुप-सी 2-0 से जीत
ऑस्ट्रेलिया अंतिम-16 2-1 से जीत
नीदरलैंड अंतिम-8 4-3 से पेनल्टी
शूटआउट में जीत

क्रोएशिया

खिलाफ चरण जीत/हार के अंतर
मोरक्को ग्रुप-एफ 0-0 से ड्रॉ
कनाडा ग्रुप-एफ 4-1 से जीत
बेल्जियम ग्रुप-एफ 0-0 से ड्रॉ
जापान अंतिम-16 3-1 से पेनल्टी
शूटआउट में जीत
ब्राजील अंतिम-8 4-2 से पेनल्टी
शूटआउट में जीत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-