Argentina vs France Final: अर्जेंटीना-फ्रांस के बीचे तनिका देर में फाइनल मैच, देखीं सुरुआती इलेवन

Share

Argentina vs France FIFA World Cup 2022 Final Match: कतर में जारी विश्व कप के आज फाइनल मुकाबला बा। लुसैल स्टेडियम में गत चैंपियन फ्रांस के सोझा अर्जेंटीना के चुनौती बा। दुनो टीम दु-दु बेर एह टूर्नामेंट के जीत चुकल बा। फ्रांस 1998 आ 2018 में चैंपियन बनल रहे। ओहिजा, अर्जेंटीना 1978 आ 1986 में खिताब जीते में सफल रहल रहे। आज के मैच में सबकर नजर दुनिया के महानतम खिलाड़ियन में से एगो लियोनल मेसी आ जुवा सुपरस्टार किलियन एम्बाप्पे पs होई।

Argentina vs France Final: दुनो टीमन के सुरुआती इलेवन

फ्रांस: हूगो लोरिस (गोलकीपर, कप्तान), जूल्स कुंडे, राफेल वरान, डायोट उपामेकानो, थियो हर्नांडेज, एंटोनी ग्रीजमैन, ऑरेलियन टचौमेनी, एड्रियन राबियो, ओस्मान डेम्बेले, ओलिवर जिरूड, किलियन एम्बाप्पे।

अर्जेंटीना: एमिलियानो मार्टिनेज (गोलकीपर), नाहुएल मोलिना, क्रिस्टियन रोमेरो, निकोलस ओटामेंडी, निकोलस टैगेलियाफिको, रोड्रिगो डी पॉल, एंजो फर्नांडीज, एलेक्सिस मैक एलिस्टर, एंजेल डि मारिया, लियोनेल मेस्सी (कप्तान), जूलियन अल्वारेज।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-