[the_ad_group id="30365"]

FIFA WC 2022 Final: फ्रांस के खिलाफ फाइनल से पहिले अर्जेंटीना के लागल बड़ झटका! लियोनल मेसी के खेलल संदिग्ध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

FIFA WC 2022 Final: फीफा वर्ल्ड कप 2022 के फाइनल 18 दिसंबर (अतवार) के अर्जेंटीना आ फ्रांस के बीच होखे के बा। आपन आखिरी वर्ल्ड कप खेल रहल मेसी के लगे खिताब जीते के सानदार मवका रही, बाकिर फ्रांस के टीम उनका के ई काम आसानी के संगे नइखे करे देवे वाला। एह मैच से पहिले अर्जेंटीना के खेमा से एगो बड़ खबर आ रहल बा कि ओकर कप्तान लियोनल मेसी पूरा तरे से फिट नइखे। मेसी के फिटेनस अर्जेंटीनी फैंस के चिंता बढ़ावे के काम कर रहल बा।

हैमस्ट्रिंग इंजरी से परेसान बाड़े मेसी

फाइनल मैच से पहिले भइल प्रैक्टिस सेशन में मेसी हिस्सा ना लेले काहेकि उनका हैमस्ट्रिंग में खिंचाव के शिकायत बा। क्रोएशिया के खिलाफ सेमीफाइनल मुकाबला के दौरान मेसी तनिका असहज दिखाई देले रहस, बाकिर ऊ मुकाबला में हिस्सा लेले रहस। टूर्नामेंट सुरू होखे से पहिलहू मेसी के फिटनेस अर्जेंटीनी फैंस खातिर चिंता के विषय रहे, बाकिर ऊ अब तक हर मुकाबला में हिस्सा लेले बाड़ें आ कवनो मुकाबला में उनका चोट के कारण मैदान से बाहर ना बोलावे के पड़ल रहे।

के जीती फाइनल मुकाबला?

फ्रांस आ अर्जेंटीना दुनुये अबकी बेर वर्ल्ड कप खिताब जीते के प्रबल दावेदार मानल जात रहे आ एही कारण दुनो फाइनल में आपन जगह पक्का कइले बा। फ्रांस के निगाह लगातार दूसरा बेर चैंपियन बने पs होई तs ओहिजा अर्जेंटीनी टीम अपना जीनियस के खिताब के संगे विदा कइल चाही। दुनो टीमन के बीच होखे वाला एह मैच के विजेता चुन पावल बहुते कठिन लाग रहल बा काहेकि कवनो टीम कवनो ममिला में दूसरका से कमजोर नइखे लउकत। फ्रांस के टीम काफी अटैकिंग फुटबॉल खेलत बिया आ अर्जेंटीनो के खेल अटैकिंगे बा। एगो बहुते रफ्तार वाला मैच के उम्मीद दिख रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]