FASTag : मिनटन में रिचार्ज करीं फास्‍टैग, स्‍मार्टफोन में मवजूद ई ऐप्स करिहें सs राउर काम,  जान लीं पूरा तरीका

Share

टेक डेस्क। भारत में रोड ट्रिप भा यात्रा के समय लोगन के कइयन गो टोल प्लाजा से होके गुजरे के होला। इहां ओह लोगन के टोल देवे के पड़ेला। अइसन में FASTag के होखल राउर सफर के आरामदायक बना देला। एह वजह से टोल प्लाजा पs लागे वाला ट्रैफिक जाम कम हो गइल बा। कइयन गो बैंकिंग ऐप आ पेमेंट प्लेटफॉर्म से FASTag बनवा सकत बानी।

जानकारी खातिर बता दीं कि FASTag एगो छोट RFID इनेबल स्टिकर होला।  ई राउर प्रीपेड अकाउंट से जुड़ल होला। एकरा के गाड़ी पs सामने के ओर लगावल जाला ताकि जब रउआ FASTag लेन से गुजरीं तs टोल फीस स्टिकर के स्कैन करतही अपने आप कट जाये। हालांकि, एकरा खातिर रउआ फास्टैग अकाउंट में पर्याप्त पईसा होखल जरूरी बा। रउआ समय-समय पs फास्टैग के रिचार्ज करावे के होला। एकरा खातिर रउआ कवनो थर्ड पार्टी ऐप डाउनलोड करे के जरूरत नइखे। रउआ PhonePe, Google Pay आ Paytm से एकरा के रिचार्ज कs सकत बानी। इहां एकर प्रोसेस बतावल गइल बा।

Google Pay खातिर फॉलो करीं ई स्टेप्स

  • रउआ अपना फोन पs Google Pay ऐप ओपन कइला के बाद होम पेज पs Bills and Recharge के सेक्शन में जाये के होई।
  • एह सेक्शन के ओपन करे खातिर मैनेज बटन पs क्लिक करीं। अइसन करतही रउआ FASTag Recharge के ऑप्शन मिली।
  • इहां क्लिक करे के बाद फोन पे के तरे सब बैंकन के लिस्ट रउआ सामने आ जाई। एगो बैंक सिलेक्ट करीं।
  • फेर अपना व्हीकल के नंबर डालीं आ आगे बढ़त जाईं। एह तरे रउआ अपना फास्टैग के रिचार्ज करा सकत बानी।

Paytm से कs सकत बानी रिचार्ज

  • PhonePe आ Google Pay के तरे Paytm से FASTag रिचार्ज कs सकत बानी। एकरा खातिर ऐप ओपन करीं।
  • ओकरा बाद रउआ होम पेज पs Recharge and Bill Payment के सेक्शन मिली।
  • एह सेक्शन के तहत रउआ FASTag Recharge के ऑप्शन पs क्लिक करे के बा।
  • अब फोन पे आ गूगल पे के तरे बैंक सिलेक्ट करे बा। फेर व्हीकल नंबर डाले के बा आ रिचार्ज कs लेवे के बा।​

PhonePe खातिर अपनाईं ई तरीका

  • रउआ PhonePe ऐप के माध्यम से FASTag के रिचार्ज करा सकत बानी। एकरा खातिर रउआ अपना डिवाइस में ऐप ओपन करे के होई।
  • एकरा बाद होम पेज पs रउआ स्क्रॉल डाउन कs के नीचे आवे के होई। ओकरा बाद रउआ Recharge and Bills के सेक्शन दिहल गइल View All ऑप्शन पs क्लिक करीं।
  • फेर रउआ Recharges के सेक्शन में जाये के होई। इहां रउआ FASTag Recharge पs क्लिक करे के बा।
  • अब सब बैंक के लिस्ट आ जाई। रउआ एगो बैंक सिलेक्ट करे के बा। फेर व्हीकल नंबर डालीं।
  • फेर Confirm बटन पs क्लिक कs दीं। अब अपना जरूरत के अनुसार अमाउंट डालीं आ रिचार्ज कs लीं।​

FASTag Annual Pass

लोगन के बेर-बेर रिचार्ज करे के झंझट से बचावे खातिर सरकार FASTag Annual Pass लेके आइल बिया। FASTag Annual Pass के तहत पर्सनल व्हीकल के 3000 रुपिया में 200 टोल क्रॉसिंग भा एक साल तक के यात्रा के सुविधा मिली। एकर मतलब बा कि रउआ बिना रिचार्ज के एक साल तक सफर कs पायेम। हालांकि, ध्यान रखीं कि जदि रउआ 1 साल से पहिलही 200 टोल प्लाजा क्रोस कइनी तs रउआ फेर रिचार्ज करावे के होई।

Read Also : Asia Cup 2025 : ‘पाकिस्‍तान पs कवनो सवाल ना’, BCCI प्रेस कांफ्रेंस में कइलस बॉयकॉट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-